अब भोजपुरी में माइथोलॉजिकल फिलिम बने के सिलसिला शुरू हो गइल बा. साई बाबा के जिनिगी पर आधारित भोजपुरी फिल्म ‘‘साई मोरे बाबा’’ बनके तइयार बा आ जल्दिये रिलीज होखी. महेश चन्द्रा फिल्मस् के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्मात्री साधना सिंह हई आ निर्देशन कइले बाड़न साधना सिंह का साथे सतीश हेगड़े. फिल्म में मुख्य भूमिका डॉ॰ उमेश सिंह, सत्या, मनीषा रानी, अर्चना सिंह, अनिता सिंह, संजय कुमार, उमेश श्रीवास्तव, बबलू, सुमन सिन्हा, बाल कलाकार रक्षिता सिंह, प्रिंस, असिता, अक्षज, हीना सहनी अउर विपिन सिंह के बा.

फिल्म के सह निर्देशक विजयेन्द्र, लेखक रश्मि प्रभा, गीतकार रश्मि प्रभा, प्रवीण झा आ नीलम प्रभा. संगीतकार हउवें अब्बुजर रिजवी आ दीपक ठाकुर, छायाकार रंजीत, निर्देशक केदार सुब्बा आ कला निर्देशक, आर॰के॰गोल्डी. निर्मात्री साधना सिंह अप्रवासी भारतीय हई. साधना सिंह के कहना बा कि उनुकर पूरा परिवार साई बाबा में आस्था राखेला एहसे अपना पहिला फिलिम बाबा के समर्पित ‘‘साई मोरे बाबा’’ बनवली. एह फिलिम के अधिकतर कलाकार बिहार के हउवें आ करीब करीब सगरी नया कलाकार. कहली कि फिलिम बढ़िया बनल बा आ उमेदे ना पूरा भरोसा बा कि लोगो एकरा के पसंद करी.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: