बहुमुखी प्रतिभा के धनी सागर अंजाना लेखक के संगे संग कलाकारो हउवव. बतौर कलाकार सागर अंजाना बहुते फिलिम कइले बाड़न बाकिर उनुका अपना आवे वाली भोजुपरी फिल्म ‘आखिर कब जागोगे’ से ढेरहन उम्मीद बा. निर्माता डा. आर. के. निषाद आ निर्देशक अनिल लहरी के एह फिलिम में सागर अंजाना मुख्यमंत्री के किरदार करत बाड़न जवन भठियरपन में डूबल बा.
फिलिम का बारे में बतावत सागर अंजाना कहलें कि ‘आखिर कब जागोगे’ में भठियरपन, भ्रष्टाचार, पर तमाचा मारल बा आ एगो बरोबरी के समाज बनावे के नींव डालल गइल बा. एह फिलिम से नवोदित कलाकार सुजीत कपूर भोजपुरी सिनेमा में डेग धरत बाड़े. सागर अंजाना के कहना बा कि फिलिम में सुजीत बहुते बढ़िया काम कइले बाड़न. एगो सुपर स्टार बने के सगरी गुण सुजीत कपूर में बा.
सागर अंजाना एह फिल्म से पहिले सुपरहिट टेलीफिल्म ‘निरहुआ का तेरहीं’ में आपन लाजवाब अभिनय देखा चुकल बाड़े. दिलीप जायसवाल के फिल्म ‘नौटंकी’ में वकील के किरदारो में दर्शक उनुका के पसंद कइलें. लेखक आ कलाकार बने से पहिलले सागर अंजाना बॉलीवुड में अपना कैरियर के शुरुआत सहायक निर्देशक के रूप में कइले रहलें आ अबहियो तमन्ना बा कि जब मौका मिली त कवनो फिलिमके निर्देशन जरूर करीहें.
(समरजीत)