दिलआवेज खान बतावत बाड़े कि ‘‘साली बड़ी सतावेली’’ जीजा साली के नोंकझोंक पर ना हो के एगो गंभीर मसला पर केन्द्रित बा. साली के रिश्ते लोग मजाक में लेला बाकि एह फिलिम में देखावल गइल बा कि साली क रिश्ता मजाके के रिश्ता ना होला बलुक बहुते पवित्र आ नाजुको रिश्तो होला.
एकर शूटिंग सिलवासा आ दादरा के खूबसूरत लोकेशनन पर कइल गइल बा. 12 साल हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री में अनेके बड़हन निर्देशकन के सहायक निर्देशक रह चुकल दिलआवेज खान के पहिला ब्रेक दिहले बाड़न सीतामढी के रहे वाला निर्माता आरिफ खान अउर आशिक मोहम्मद. जेही एकर शो-रील देखले बा सभे दिलआवेज खान के निर्देशन के तारीफ करत बा.
अब रउरो तइयार हो जाईं एह जीजा-साली जोड़ी के फिलिम ‘साली बड़ी सतावेली’ देखे ला.
(प्रशांत निशांत)
356 total views, 3 views today