राजीव दिनकर के बोलबाला बा एह साल सिनेमा का परदा पर

कोरियोग्राफर से अभिनेता बनल राजीव दिनकर भोजपुरी सिनेमा के कमिंग सुपर स्टार कहल जा सकेले. राजीव दिनकर अबही पाँच गो फिलिम में व्यस्त बाड़न. “प्राण जाई पर वचन ना जाई” प्रदर्शन खातिर तइयार बा. “केहू हमसे जीत ना पाई” के शूटिंगो पूरा हो चुकल बा. आ दिवाना दिल धड़केला, सुगना, आ कबहू छूटे ना ई साथ से उनुका कैरियर में अउरी चमक आवे वाली बा. एकर अलावे जइसन करनी वइसन भरनी, दुल्हन चाही पाकिस्तान से, आ रजऊ बादशाह के शूटिंग चलत बावे. एह सगरी फिल्मन में राजीव दिनकर पूरा दमखम का साथे लउके वाला बाड़े. डाँस में महारत हासिल कर चुकल राजीव दिनकर के एक्टिंगो कमाल के होला.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)


खेसारी लाल यादव डंका पीट दिहलन

लोकगायकी से अभिनय में उतरल खेसारीलाल यादव के फिल्म “साजन चले ससुराल” बिहार में अपना सफलता के डंका पीट दिहले बिया. एकरा सफलता के आलम ई बा कि तीसरको हफ्ता में फिल्म चारो तरफ हाउसफुल जा रहल बिया. बिहार के छपरा जिला के खेसारी लाल यादव के सफलता देख अब निर्माता उनुका के मुँहमाँगल दाम देबे के तइया बाड़न. कहल जा रहल बा कि साजन चले ससुराल के पूरा लागत अबहिये अकेले बिहार से निकल चुकल बा. फिल्म के अबही बाकी जगहा प्रदर्शन बाकिये बा. एह फिल्म में एगो सीधा सादा नौजवन के भूमिका मे उतरल खेसारी के गाना “सईंया अरब गइले ना” पर दर्शक झूम उठत बाड़े. फिल्म में उनुकर लाजवाब एक्शन देख के कहल जा रहल बा कि एक दिन उहो भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार बन जइहें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा )


विनय आनन्द के त्रिनेत्र के पचास दिन

विनय आनन्द के “त्रिनेत्र” पिछला हफ्ता बिहार में पचास दिन पूरा कर लिहलसि. आ उहो कई जगहा हाउसफुल का बोर्ड का साथ. दामिनी आ चाचा भतीजा जइसन ब्लाक बस्टर फिल्म दे चुकल विनय आनन्द के त्रिनेत्र लोग के खूब भा रहल बिया. फिल्म में विनय आनन्द के किरदार एगो बागी नवजवान के बा.एक्शन ड्रामा फिल्म होखला का बावजूद एहमें मनोरंजनो खूब बा. निर्देशक शाद कुमार के कहना बा कि विनय आनन्द के कवनो जबाब नइखे. उनुका साथे हम बार बार काम कर सकीले. टाइम के पंक्चुअल विनय आनन्द में स्टारडम तनिको नइखे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)


धनिया के थाना’ में रिंकू घोष व मन्टु लाल एक साथ

बायोस्कोप प्रोडक्शन प्रा॰ लिमिटेड के प्रस्तुति भोजपुरी सीरियल ‘धनिया के थाना’ में भोजपुरी फिल्मों के सुप्रसिद्ध नायिका रिंकू घोष आ टेलीफिल्मन आ अलबमन से आपन पहचान बनावे वाला राष्ट्रीय सम्मान से सम्मानित कलाकार मन्टु लाल जोरदार अभिनय कइले बा लोग. एह धारावाहिक में रिंकू घोष के जबर्दस्त अभिनय देखे के मिली. दोसरा ओर मन्टु लाल अपना अभिनय में हास्य अभिनेता के परिचय देत एह सीरियल से अपना अभिनय यात्रा के श्रीगणेश कइले बाड़न.

एह सीरियल के निर्देशक राकेश भदौरिया आ लेखक सह एपिसोड निर्देशक संतोष सिंह हउवें. मुख्य सहकारी निर्देशक प्रवीण वर्मा, नवीन सिंह आ कैमरामैन मनोज कुमार के टीम वर्क अउर समर्पण एह सीरियल के तकनीकी रूप से बढ़िया कोटि के सीरियलन में शामिल करा दी. ‘धनिया के थाना’ सीरियल के दोसर कलाकारन में लिलिपुट, निशा वर्मा, सी॰ पी॰ भट्ट, अभिषेक गिरी, महाराणा विकास कुमार के नाम खास बा. महुआ चैनल के एगो दोसरो सीरियल ‘भगवान हो केतना दूर’ में मन्टु लाल के जबर्दस्त भूमिका बा. मन्टू लाल निर्माता बी॰ के॰ सिन्हा के फिल्म ‘तकदीर’ आ टी॰ बॉबी सिंह निर्देशित ‘चालबाज चुलबुल पाण्डे’ में आपन दमदार अदाकारी देखावत बाड़न.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

 502 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: