भोजपुरी, हिंदी, आ दक्खिन भारत के फिलिमन के सफल अभिनेत्री आ मोहक मुस्कान के मल्लिका सुप्रेरणा सिंह बहुत दिन बाद कानपुर के जेड-स्क्वायर मॉल में कालेज स्टूडेंटन का साथे आपन जनमदिन मनवली. एह मौका पर उनुका साथे उनुकर मम्मी शोभा सिंह आ कालेजिया लड़ीकियन के गोल बर्थ-डे केक काटके उनका के ढेरहन बधाई दिहल आ उनुका स्टारडम ला दुआ कइल.
हालही में हैदराबाद में अपना एगो फिलिम के शूटिंग क दौरान सुप्रेरणा सिंह अपना चहेता सुपर स्टार शाहरुख़ खान के बर्थ-डे पूरा यूनिट संगे मनवले रही.
(अपना न्यूज़)