pub-4188398704664586

सुप्रेरणा सिंह दशहरा इलाहाबाद में मनवली

by | Oct 28, 2012 | 0 comments

मोहक मुस्कान के मल्लिका आ चर्चित अभिनेत्री सुप्रेरणा सिंह एने बहुत दिन बाद अपना इलाहबाद में दशहरा मनावे आइल रहली. लगातार चलत अपना फिलिमन के शूटिंग का चलते ऊ चाहियो के जल्दी जल्दी इलाहाबाद ना आ पावसु. बाकिर अबकी बारी ऊ सगरी काम रोक के इलाहाबाद अइली आ जमके दशहरा के आनंद लिहली.

जान जाईं कि एह घरी मुंबई में निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिल्म “हिम्मतवाला” में सुप्रेरणा सिंह के अभिनय आ नृत्य के चहुँओर प्रर्शंसा होखत बा. लगातार चार गो फिलिम में सुप्रेरणा सिंह आ विराज भट्ट के रोमांटिक जोड़ी के दर्शक हिट करार दिहले बाड़ें. सुप्रेरणा सिंह के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिमन में “लड़ब मरते दम तक”, “राम रहीम के नाता”, आ “देस-परदेस” वगैरह बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज़)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586