सेना का बंकर का बीच केहू हमसे जीत ना पाई के शूटिंग

by | Jul 14, 2011 | 0 comments

ओह दिन जब मीडिया वालन के एगो दल मुंबई का चांदीवली स्टूडियो चहुँपल त ओहिजा का गार्डन में बनल सेना के तंबु, तोप, आ ट्रेनिंग सेण्टर का बीच होखे वाला शूटिंग के तइयारी देख के लागल कि जेपीदत्ता जइसन कवनो बड़हन फिल्म मेकर के बोर्डर जइसन कवनो फिल्म के शूटिंग देखे चहुँपल बानी जा. सेना के जाबांजी देखल अपना आपे में रोमांचक होला से हमनी सभे एह रोमांच के अनुभूति लेबे खातिर तईयार हो गइनी जा.

ओह समय शाहबाज खान आ अरुण बख्शी के छोड़ सभे सेना के वरदी पहिरले रहे. स्टूडियो में डैम का नगीचे शूटिंग होत रहे जहाँ बदमाशन के जेलखाना बनल रहे जवना में फिल्म के सगरी स्टार बंद रहले. कुछ गुण्डा अयाज खान के पीटत ले अइले आ डायलाग शुरु भइल..

अयाज खान के भीतर अइला पर सेनो के लोग अयाज के पिटाई करे लागत बा त रविकिशन ओकरा के छोड़ावत बाड़न.

सुशील सिंह – आ गइल गद्दार !
राजीव दिनकर – एका मारा !
रविकिशन – ना, ना ए के मत मारा ई गद्दार ना हऽ. ई त हमनिये के आदमी ह जे जासूस बनि के दुश्मन से मिलल रहे आ हमहन के एक एक जानकारी देत रहल,

डायलाग खतम होखते शाहबाज खान चँउक जात बा ‍ अच्छा त, ई गद्दार ह. ए के बाहर निकाला. ए के हम सजा देब.

कुछ गुण्डा अयाज के बाहर निकाल के शाहबाज खान का हवाले कर देत बाड़न आ शॉट ओके हो जात बा. निर्देशक एम आई राज का चेहरा पर संतुष्टि साफे झलकत रहे.

शूटिंग से खाली भइला का बाद रवि किशन कहले कि शूटिंग का दौरान ऊ सीन में डूब जाले तबहिये रिजल्ट मिल पावेला. आखिर हमनी के तीन घंटा दर्शकन के सीट पर बन्हले राखे होला. निर्देशक एम आई राज फिल्म का बारे में बतावत कहले कि एह देश भक्ति वाली फिल्म में रवि किशन फौज के कमांडर ह जे देश के दुश्मनन से लड़े खातिर गाँव वालन के एगो फौज बनावत बा. रिंकू घोष सेना के कर्नल के बेटी हई जे रवि किशन से प्यार करे लागत बाड़ी. बाद में उहो रवि किशन का मिशन में शामिल हो जात बाड़ी आ सभे मिल के दुश्मन के सफाया कर देत बा.

गोरखपुर के डा॰ वजाहत करीम आ डा॰ सुरहित करीम के बनावल एह फिल्म केहू हमसे जीत ना पाईमें सुपर स्टार रविकिशन, रिंकू घोष, सुशील सिंह, मनोज टाईगर, मोहित घई, हितेन्द्र पाण्डे, प्रतिभा पांडे, स्वाति वर्मा, कोमल ढिल्लो, श्रीकंकणी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला आ शाहबाज खान के मुख्य भूमिका बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिहं, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up