उत्तर पूर्वी दिल्ली के सांसद मनोज तिवारी आ फेमिना मिस इंडिया वर्ल्ड कोयल राणा बियफे का दिने एगो स्वच्छता अभियान के शुरुआत कइल. एह अभियान में ई लोग झुग्गी झोपड़ियन आ निगम स्कूलन में जा के बचवन के स्वच्छता का बारे में जागरूक कइलन.
एह दौरान बचवा आ ओकनी के गार्जियन आ मास्टरो लोग सांसद आ मिस इण्डिया के देखे ला बेचैन रहे. मनोज तिवारी कहलन कि एह तरह के छोटहने-छोटहन प्रयासो से बड़हन बदलाव ले आवल जा सकेला. कोयल राणा नारा दिहली ‘आपकी जिंदगी आपके हाथ, साफ हाथ सुरक्षित आप’.
(शशिकांत सिंह)
343 total views, 2 views today