akharaसिनेमा भोजपुरी में आपन मजगर पहचान बना लेबे वाली अक्षरा सिंह आज हिट फिलिमन के दोसर नाम बन गइल बाड़ी, अक्षरा सिंह माने कि सुपर हिट फिलिम. अब अक्षरा के लगातार हिट होखत फिलिमन में एगो नाम अउर जुड़ गइल बा ‘दिलेर’ के. बिहार के ४० गो सिनेमाघरन में रिलीज भइल ई फिलिम तिसरको हफ्ता धूम मचावे में लागल बिया.

एह फिलिम में अक्षरा सिंह के किरदार के नाम ‘रानी’ बा. एह किरदार के सभतर बड़ाई होखत बा. कम बाकिर नीमने फिलिम करे में विश्वास राखे वाली अक्षरा सिंह के आवे वाली फिलिमन में नारी प्रधान फिलिम “प्रतिघात”, “प्रतिज्ञा-२”, आ “बलमा बिहार वाला” प्रदर्शन खातिर तइयार बाड़ी सँ.


(भोजवुडन्यूज)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d