भोजपुरिया रंगबाज हैदर काजमी के फिलिम “कालिया” बिहार में सुपर डुपर हिट हो गइल बा. निर्देशक हउवें शिवराम यादव. जहानाबाद में दर्शकन के उत्साह अइसन रहल कि थिएटर का भितरे लोग फायर कर के हैदर के इंट्री के स्वागत करत रहलें.
(8 Sept 12)
पिछला हफ्ता जब फिलिम ‘कालिया’ बिहार में रिलीज भइल त रंगबाज हैदर काजमी के जलवा एक बेर फेर देखे के मिलल बिहार में. हर सिनेमाघर में हाउसफुल के बोर्ड हर शो में लटकत गइल. कुछेक सिनेमा घर में दर्शकन के दबाव पर अलगो से सीट लगावे के पड़ल. फिल्म के एक-एक गाना पर दर्शक झूमत गइलें. कहानीकार आ निर्देशक शिवराम यादव के काम दर्शकन के बहुत पसंद आइल. शिवराम यादव के निर्देशन के भूख अइसन ह कि मेटइले ना मिटे. जुनून आ जज़्बा के रंग जब चढ़ेला त दर्शकन के सोझा आ जाले शिवराम यादव के नई सोच वाली फिलिम. बात चलल ‘कालिया’ क सफलता के त शिवराम यादव के मन के बात जुबान पर आ गइल. बातचीत में शिवराम यादव बतवले कि हैदर काजमी कमाल के अभिनेता होखला का साथही कुशल निर्मातो हउवन. उनुका साथे काम करे के मतलब होला कि आप दिल के बात करे लागीलें. आ इहे कारण बा कि हमरा निर्देशन में बनल हैदर जी के तिसरको फिलिम हिट हो गइल. शिवराम यादव के हैदर काजमी आ फिलिम ‘कालिया’ दुनु पर भरोसा रहल. बतवलन कि ‘कालिया’ ला भोजपुरी सिनेमा के बेहतरीन टीम चुनल गइल आ हैदर काजमी सबका से बराबर संपर्क में रहलें. सभका से मिल बतिया के प्लानिंग कइलें आ एहसे फायदा मिलल.

अक्षरा सिंह के बारे में शिवराम यादव कहलन कि ऊ कमाल के अदाकारा हई आ उनका साथ ऊ बेर बेर काम कइल चहीहें. शिवराम यादव के इहो दावा बा कि ‘कालिया’ के पूरा परिवार एक साथे बइठ के देख सकेला. फिल्म के कथानक का बारे में बतियावत गोरखपुर के मूल निवासी शिवराम यादव के कहना रहल कि हर स्टोरी असल होले बस ओकरा के सिनेमाई टच दिहला के जरूरत होला. शिवराम यादव एह बात से साफ इंकार कइलन कि ‘कालिया’ अमिताभ बच्चन के फिलिम से प्रभावित बावे. काहे कि ऊ रीमेक ना बनावसु. कहलन कि कालिया एकदम नया कहानी पर बनावल गइल बा. कालिया के सफलता से स्टार डायरेक्टरन में गिनाए लागल शिवराम दर्शकन के आभार जतवलन. अपना आगे के योजना का बारे में कहलन कि कुछ बढ़िया स्क्रिप्ट मिलल बा आ जल्दिए फेर कुछ बड़हन काम होखे वाला बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

2 thoughts on “हैदर काज़मी आ ‘कालिया’ दुनु पर भरोसा रहल शिवराम यादव के”

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d