भोजपुरी के सुपर डुपर हिट फिल्म ‘रंगबाज’ से आपन रंगबाजी देखा चुकल हैदर काजमी अब कट्टा चलावत नज़र अइहें. उहो अइसन वइसन ना बलुक आजमगढ़ के कट्टा ! हैदर काज़मी एगो फिल्म साईन कइले बाड़न जवना के नाम ह ‘आजमगढ़ के कट्टा’. एकर निर्मात्री हई दीपा यादव आ संगीतकार अउर निर्देशक हउवन राम यादव.

एकर शूटिंग एक दिसम्बर से आजमगढ़ में कइल जाई. अपराध आ तमंचे पर बनत एह ‘आजमगढ़ के कट्टा’ का बारे में निर्मात्री दीपा यादव कहली कि हैदर काजमी के ‘रंगबाज’ देखला का बादे तय कर लिहली कि ‘आजमगढ़ के कट्टा’ में मुख्य भूमिका हैदरे काजमी करीहें. साउंड स्टेशन के बैनर तले बनल एह फिल्म के कहानी आ संवाद लिखले बाड़े हरिद्वार शर्मा. जहानाबाद के हैदर काजमी के कहना बा कि आजमगढ़ में शूटिंग कइल उनुका खातिर एगो नया अनुभव होखी.

फिल्म में दर्शकन के पसंद मुताबिक गीत संगीत राखल गइल बा अइसन कहना बा संगीतकार राम यादव के. फिलहाल ‘आजमगढ़ के कट्टा’ लेके हैदर काजमी एक बेर फेर सुर्खी में आ गइल बाड़न.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

 234 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: