विनय आनन्द अपना हर फिल्म के पूरा संजीदगी से लेबे लें आ इहे कारण बा कि ऊ अपना हर फिल्म के सफलता खातिर कवनो सीमा तक जाये के तइयार रहेलें. अब विनय आनन्द तय कड़ले बाड़न कि अपना हर फिल्म के प्रचार खातिर ऊ कुछ दिन निकाल के रखीहें. कहलन कि ऊ हर राज्य में जइहें, ओहजा के दर्शकन से, वितरकन से, सिनेमाघर वालन से बतियइहे. ओह लोग के पसन्द नापसन्द समस्या सब कुछ जाने के कोशिश करीहें आ हर ऊ काम करीहें जवना से भोजपुरी सिनेमा आ उनका फिल्मन के सफलता हाथ लाग सको. कहलन कि उनुका आश्चर्य बा कि भोजपुरी के स्टार लोग अपना फिल्मन खातिर ऊ सब काहे ना करे जवन बालीवुड के स्टार शान से कर रहल बाड़े. आखिर निर्माता हमनी पर अतना खर्च करेला. ओकरा एवज में हमनियो के कुछ जिम्मेदारी बनेला कि ना ? विनय आनन्द त अपना पिछला फिल्म “ननिहाल” ए से एह काम के शुरुआत कर दिहलें बाकिर अब “साँवरिया आई लव यू” खातिर सब कुछ योजना बना के करे के तय कइले बाड़न. काश एहसे दोसरो सितारन के आँख खुलीत !
दोसरे एह डाँस खातिर निर्माता दिल खोल के खर्च कइले बाड़ी. देखल जाव भोजपुरी सिनेमा के बिजुरिया सीमा सिंह के ई डांस दर्शकन के कतना डँसत बा.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)