अपने दम पर फिल्म हिट करावे के बेंवत राखीले, कहलें हैदर काज़मी

by | May 5, 2012 | 0 comments

‘पथ’ जइसन हिन्दी फिल्म से अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत करे वाला अभिनेता हैदर काजमी एह घरी भोजपुरी सिनेमा के रंगबाज बन गइल बाड़े. उनुकर पहिलका भोजपुरी फिल्म ‘रंगबाज’ जबरदस्त सफलता हासिल कइलस आ अब अपना आवे वाला अनेके फिलिमो से हैदर काजमी चरचा के विषय बनल बाड़े. हाल-फ़िलहाल फिल्म ‘कालिया’ ला हैदर काजमी के बहुते चरचा बा. एही बारे में उनुका से भइल बातचीत के खास अंश पेश बा –

हैदर काजमी जी, आपके फिलिम ‘कालिया’ के एने बहुते चरचा होखत बा. आखिर का बा ‘कालिया’ में का बा एहमें राउर भूमिका ?
देखीं, फिल्म ‘कालिया’ एगो खांटी भोजपुरी फिलिम ह जवना में पूरा पूरी भोजपुरिया संस्कार उतारल गइल बा परदा पर. कुछ लोग एकरा के अमिताभ बच्चन अभिनीत फिल्म ‘कालिया’ के रीमेक समुझत बाड़े बाकिर हम साफ कर दिहल चाहत बानी कि एकरा ओह ‘कालिया’से कवनो मतलब नइखे आ बिल्कुले नया कहानी पर बनल बावे ई ‘कालिया’. फिलिम बहुते बढ़िया बनल बिया आ जइसे अमिताभ बच्चन के अइला से बॉलीवुड में बदलाव आ गइल रहे ओहि तरह ‘कालिया’ भोजपुरी सिनेमा के बदल दी.

फिल्म ‘कालिया’ के गीत-संगीत में कतना दम बा?
बेजोड़ दम बा कालिया के गीत-संगीत में. जइसे हमरा फिलिम ‘रंगबाज’ के गीत-संगीत सुपर डुपर हिट भइल रहे ओही तरह एकरो गीत-संगीत के लोग पसंद करी काहे कि एकरा के बहुते मेहनत से रचल गइल बा. वइसहू हमरा फिलिम में ई ना होखे कि कवनो हिंदी फिल्म के गीत तूड़-मरोड़ के पेश कर दिहल जाव. बलुक हमनी का फिल्म के गीत-संगीत को पूरा तरह से भोजपुरिया रंग में ढालीलें जा. ‘कालिया’ के गीतो-संगीत कुछ वइसने बा.

फिल्म ‘कालिया’ में अक्षरा, अनिल, बालेश्वर आ विपिन सिंह का साथे काम कर के कइसन लागल?
सबहीं अपना-अपन भूमिका में जान डाल दिहले बावे. खासकरि के हम अक्षरा सिंह क बारे में कहब कि ऊ बहुते नीक अदाकारा हई आ अब अभिनय में बहुते पाक गइल बाड़ी. ‘कालिया’ रिलीज होखला का बाद उनुका के आगे बढ़े से केहू रोक ना पाई.

निर्देशक शिवराम यादव मे अइसन कवनो खासियत बा ?
देखीं, सबले पहिले त हम बता दीं कि शिवराम यादव हमार बहुते बढ़िया दोस्त हउवन आ सबले खास ई कि हमहन के सोच बहुते मिलल जुलल होले. दोसरे उनुका में काम खातिर गजबे सा जुनून बा. ऊ कवनो स्क्रिप्ट के परदा पर हूबहू उतारे में माहिर हउवें.

हैदर काजमी जी, आजुकाल्ह भोजपुरी में दू-दू, तीन-तीन गो हिरोइनन के चलन जोर पकड़ लिहले बा. का आपहू अइसन फिलिम करे के तइयार होखत बानी ?
जी, बिल्कुले ना. ना त हम दू भा तीन गो हीरो वाला फिलिम करीलें ना आगे करब. अइसनका नाहियो त आधा दर्जन आफर ठुकरा चुकल बानी काहे कि हम हैदर, माने कि शेर, हईं आ अपने दम पर फिलिम हिट करावे के बेंवत राखीलें.

फिल्म ‘कालिया’ कब ले रिलीह होखी?
हम एकरा के जून में रिलीज करे के तइयारी में बानी.

अपने हिंदी फिलिम से शुरूआत कइनी फेर भोजपुरी फिलिमन में आगम कइसे भइल?
जी, ई त सहिए बा कि हमार शुरुआत ‘पथ’ जइसन हिंदी फिल्म से भइल रहुयवे आ ओकरा बादो हम ‘बॉबी’ आ ‘कजरी’ जइसन हिन्दी फिल्म कइनी. बाकिर जहां ले भोजपुरी से जुड़े के सवाल बा त हम मूलतः जहानाबाद (बिहार) के हईं आ अपना भोजपुरिया प्रेम से भोजपुरी सिनेमा में खींचा अइनीं. दोसरे ई कि हमरा लागल कि भोजपुरी सिनेमा में बढ़िया अभिनेतन के कमी बा से हम खुद एहमें उतरे के तय कर लिहनी.

आपके अगिली फिलिम कवन कवन बाड़ी सँ?
एक त ‘कालिया’ बड़ले बा. बाहर के बैनर के ‘आजमगढ़ के कट्टा’, ‘जागीरा’ आ ‘बिगुल’ वगैरह हमार आवे वाली फिलिमन में शामिल बाड़ी सँ.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up