सिनेमा भोजपुरी ला फिलिम बनावे में ‘आदिशक्ति एंटरटेनमेंट’ के नाम माथ पर बा. अधिकतर सफल फिलिम आदिशक्तिए से परोसल जाले. आ एकर कर्ता धर्ता हूउवें पं. दुर्गा प्रसाद मजूमदार. संगीत मर्मज्ञ दुर्गाप्रसाद जी के नाम पखावज वादक के रूप में दुनिया भर में माथ पर बा. फिलिम बनवला का अलावे संगीत उनुकर पहिला प्यार ह. अपना शिकागो (अमेरिका) स्थित ‘साधना स्कूल ऑफ इंडियन म्यूजिक’ के ज़रिए ऊ आजुओ भारतीय संगीत के ज्ञान विदेशन में बांटत बानी. आईं, दुर्गा प्रसाद जी से मिलके जानल जाव कि उहाँ के अगिला योजना आ आवेवाली फिलिमन क बारे में.

दुर्गा प्रसाद जी, पिछला दिने भइल ‘इम्पा’ (इंडियन मोशन पिक्चर्स प्रोड्यूसर्स एसोसिएशन) चुनाव में आपहू लड़ल रहीं. का नजरिया बा राउर एह चुनाव का बारे में?
जी हँ, पिछला दिने ‘इम्पा’ चुनाव में हमहूं शामिल रहीं. हमार जीत त ना भइल बाकि 112 गो वोट मिलल, जतना के उमेदो ना रहल. जे लोग हमरा पर भरोसा जतावल ओह लोग के हम आभारी बानी. एह चुनाव से हमरा जवन अनुभव मिलल, ओहिजा जइसन खींचतान देखनी, ओहके देखत हम इहे सोचनी कि एकरा के एगो बाउर सपना जस भुला देबे के चाहीं. जीत-हार त लगले रहेला.

ख़ैर, ई बताईं कि ‘आदिशक्ति एंटरटेनमेंट’ के तहत फिलिमन के परोसे, फायनेन्स करे के राउर पैमाना का होला?
देखीं, सबले पहिले त हम निर्माता के परखी लें कि ऊ कतना गंभीर बा फिलिम निर्माण ला? यदि ऊ साचहू फिलिम बनावल चाहत बा त पहिले हम ओकरा फिलिम के कथानक पढ़ीलें. फेर निर्देशक, कलाकार आ संगीत पक्ष आदि के जानकारी लिहिलें आ हर तरफ से संतुष्ट होखला का बादे ओह फिलिम के परोसे ला तईयार होनी. एहिजा बतावल चाहब कि पिछला 7 साल में ‘आदिशक्ति’ जवने फिलिम परोसलसि सगरी चर्चित आ सफल रहली स. इहो एगो सच्चाई ह कि छोट बजट के फिलिम सिरिफ आदिशक्तिए फायनेन्स करेले. अबहीं ले हमार कंपनी करीब 50 गो फिलिम परोस चुकल बिया. आ जब फिलिम के मार्केटिंगो ‘आदिशक्ति’ के द्वारा होला त निर्माता के मुनफो कमाके दिहिले स. इहे हमार खासियत ह.

एह साल आपके परोसल कवन-कवन फिलिम सफल रहली स?
एह साल ‘आदिशक्ति एंटरटेनमेंट’ के परोसल आ लोकगायक-अभिनेता खेसारीलाल अभिनीत फिलिम ‘जान तेरे नाम’ सबले अधिका सफल रहल. एकरे अलावे ‘खुद्दार’, ‘जानवर’, ‘डकैत’, ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’, ‘हिम्मतवाला’ फिलिमो सफल रहली स, दर्शकन के भरपूर प्रतिसादो मिलल एहनी के.

आप फिल्म निर्माता लोग ला एगो आवासीय ऋण योजनो शुरु कइले बानी. कुछ एहू बारे में बताईं.
ऑफकोर्स! दरअसल, दुर्भाग्य से फिल्म इंडस्ट्री से जुड़े लोगन के बैंक से लोन ना मिल पावे. एही चलते हम ‘आदिशक्ति डेवलपर्स’ कंपनी के तहत आवासीय योजना शुरु कइले बानी. एकरा तहत मुंबई के उपनगर नालासोपारा, बोरीवली वगैरह जगहन पर बिल्डिंग्स आ फ्लैट निर्माण होखत बा. जवना निर्माता के एहमें फ्लैट्स चाहेला ओह लोग के हमार कंपनी बैंक रेट् पर आवास ऋण देबेले आ कागजी कार्यवाही पूरा भइला पर फ्लैट क चाभी दे दिहल जाला. बैंक भल ही फिल्म निर्मातन पर भरोसा ना करे, बाकि हमरा भरोसा बा. कुछ समय बाद फिलिम से जुड़ल अउरियो लोग ला एह तरह के योजना ले आवल जाई.

आपके अउर कवन-कवन फिलिम आवेवाली बाड़ी स?
‘वर्दीवाला गुण्डा’, ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’, ‘सपूत’, ‘रानी चलल ससुराल’, ‘इज्ज़त’ वगैरह फिलिम.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: