आदि शक्ति लाँच कइले निर्देशक दिनेश यादव के

by | Jan 28, 2012 | 0 comments

भोजपुरी फिलिमन के एह घरी छाप लिहले बाड़न निर्देशक दिनेश यादव. हालांकि बतौर निर्देशक दिनेश यादव के पहिला भोजपुरी फिल्म ह ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ जवन एह घरी खूबे चरचा बिटोरत बिया. आदि शक्ति इण्टरटेनमेंट के एह फिल्म ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ के निर्देशित करे से पहिले दिनेश यादव चर्चित निर्देशक राजकुमार पाण्डे के एसोसिएट रहले आ एक दर्जन से अधिका सफल भोजपुरी फिलिमन में योगदान दे चुकल बाड़े. एह फिल्म के निर्माण सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि. करत बिया.

पत्रकारिता से फिल्म निर्देशन करे उतरल दिनेश यादव के मुहूर्त का मौका पर बधाई देबे खुद निर्देशक राजकुमार पाण्डे आ अभिनेता मनोज पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, अयाज खान, गोपाल राय वगैरह मौजूद रहले.

एह फिल्म से पहिला हाली यूपी आ बिहार के चर्चित गायक विजय वर्मा के सिल्वर स्क्रीन पर उतारल जात बा. उनुकर नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. अउरी मुख्य कलाकारन में संजय पाण्डे, कलुवा, निशा, उमेश सिंह, अयाज खान, आनन्द मोहन, रत्नेश आ नीरज राज पौडेल वगैरह शामिल बाड़े.

फिल्म के गीत लिखले बाड़न प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती. संगीतकार हउवे श्याम देहाती, मार-धाड़ मास्टर दिलीप यादव आ नृत्य निर्दैशक कानू मुखर्जी हउवन.


(शशिकांत सिंह के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up