आपन रगड़ा खतम करे के फैसला कइले रविकिशन आ मनोज तिवारी

सिनेमा भोजपुरी के दू गो महान कलाकार रवि किशन अउर मनोज तिवारी का बीचे अब सुलह हो गइल बा. दुनु जने आपन गिला शिकवा मेटावत भोजपुरी खातिर एकजुट हो के काम करे के फैसला कइले बाड़े. आ ई सब कुछ भइल निर्माता आलोक कुमार के फिल्म “गंगा जमना सरस्वती” के सेट पर. सभका मालूम बा कि रवि किशन आ मनोज तिवारी के आपसी रगड़ा का चलते कई बेर मीडिया के मसाला मिलत रहल बा, दुनु के बयानबाजी से आए दिन अखबारन में मसालेडार खबर छपत आइल बा.

बुध का दिने मुंबई के एसजे स्टूडियो में निर्माता आलोक कुमार आ निर्देशक हैरी फर्नांडिस के फिल्म “गंगा जमना सरस्वती” के सेट पर सरस्वती चंद ( निरहुआ) के मौजूदगी में गंगा प्रसाद ( मनोज तिवारी ) अउर जमना प्रसाद ( रवि किशन ) सीज फायर क एलान कइलन. एह सुलह समझौता का बाद रवि किशन आ मनोज तिवारी बतवले कि ओहन लोग का बीच लड़ाई ना बलुक वैचारिक मतभेद रहल जवना से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज़ के गलत तस्वीर आम लोगो का सोझा आवत रहुवे. एहसे अब दुनु जने एक दोसरा का खिलाफ बयानबाजी भा कवनो कदम उठावे से तौबा कर लिहले बाड़,

एह दुनु सितारन का सीज फायर से भोजपुरी के अमनपसंद लोग में खुशी के माहौल बा.


(उदय भगत के रपट)


बात बहुत पुरान हो गइल जब बनारस में गंगा नदी का घाट पर आयोजित ईटीवी भोजपुरी फिल्म समारोह में ई दुनु जने मंच पर से घोषणा कइले रहले कि अब से ई लोग आपस में लड़ाई ना करी. आ ओही मौका पर निर्माता आलोक कुमार ओही मंच से एलान कइले रहलें कि ऊ मनोज तिवारी, रविकिशन आ निरहुआ के लेके गंगा जमुना सरस्वती फिलिम बनइहें. चार साल लाग गइल एह फिलिम के बने में. अब शायद जल्दिए पूरा हो जाई.

समारोह से पहिले दिन में एह लोग के विवाद नाजुक मोड़ पर चहुँप गइल रहे जब एह दुनु जने आ भोजपुरी के शुभचिन्तक लोग भोजपुरी समाज के प्रभुनाथ राय आ भोजपुरिया गुरू मनोज श्रीवास्तव का पहल पर एह दुनु जने के विवाद सलटावे में सफल भइल रहलें.

संतोष के बात बा कि तबसे एह दुनु जने का बीच के विवाद कबहियो आपन सीमा पार ना कइलसि आ बहुते खुशी के बात होखी अगर अबसे सभे आपसी रंजिश भुला के गठरिया तोर कि मोर का फेर में ना पड़ले बिना भोजपुरी खातिर काम करे के फैसला करें.
– संपादक

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up