एक्शन से भरल प्रेम कहानी ‘सुगना’

by | Jul 20, 2011 | 0 comments

‘सुबह होने तक’ अउर ‘सनम हम आपके हैं’ जइसन सफल हिन्दी फिल्म बना चुकल निर्माता-निर्देशक अजय ओझा अब आपन पहिला भोजपुरी फिल्म ले के आवत बाड़न. उनुकर कहना बा कि अइसनका फिलिम अबही ले भोजपुरी में नइखे बनल. एह पारिवारिक आ एक्शन भरल ‘सुगना’ में मुख्य नायक बाड़े आदित्य ओझा अउर राजीव दिनकर. फिल्म एगो प्रेम कहानी होखला का बावजूद पूरा एक्शन पैक्ड बा. आदित्य ओझा त कहत बाड़े कि ‘सुगना’ भोजपुरी दर्शकन के सोचावट बदल दी. ‘सुगना’ एगो सार्थक अउर मनोरंजक फिल्म हवे जवना के शूटिंग वास्तविक लोकेशन पर छपरा आ मुंबई में करावल गइल बा.

‘सुगना’ में खलनायक के किरदार हिंदी सिनेमा के चर्चित चेहरा प्रमोद माउथो कइले बाड़न. गाना ‘नदिया के पार’ के याद दिला दी. एगो भ्रष्ट पुलिस अधिकारी का भूमिका में गोविंद खत्री आपन अलगे जलवा दखावत लउकीहे. नायिका बाड़ी नवोदित अभीनेत्री काजल राधवानी आ कल्पना शाह. साथ में विजय सिंह, रंजीत सिंह, अभिषेक अरुण आ दीपक तिवारी खास भूमिका में बावे लोग. एह फिल्म में सीमा सिंह के एगो आयटमो नंबर एह घरी खूब बाज रहल बा. फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up