एहू साल निरहुए रहलन न॰ १

by | Dec 24, 2010 | 0 comments


पिछला तीन साल से लगातार लोकप्रियता में न॰ १ रहल दिनेश लाल यादव निरहुआ एहू साल न॰ १ का जगहा पर बरकरार रहलें. आ अब लगातार चार साल के कीर्तिमान हो गइल उनका नामे. दिनेश लाल यादव एहू साल अपना फिलिमन के निर्माता, वितरक, आ सिनेमा घर मालिकन का चेहरा पर मुस्की बनवले रखलें. एह साल २०१० में निरहुआ के आठ गो फिलिम रिलीज भइली सँ आ आठो सफल रहल. साल के शुरुआत भइल “निरहुआ न॰ १” से, बिहार यूपी में औसत व्यवसाय कइलस बाकिर मुंबई में रिकार्ड तोड़. कुल्ह मिला के ई फिलिम सफल मानल गइल. ओकरा बाद फगुआ का समय रिलीज भइल निरहुआ के दू गो फिलिम. जवना में से “सात सहेलियाँ” मजगर सफलता पवलसि आ “शिवा” के औसत सफलता मिलल. फेर अप्रेल में रिलीज भइल “आज के करन अर्जुन” जवना में जूनियरो निरहुआ हीरो रहलें. ई फिलिम लगातार तीन हफ्ता बम्पर बिजनेस बिटोरलसि. मई में “दाग” रिलीज भइल. “दाग” यूपी बिहार के कई गो सिनेमा घरन में पचास दिन के जश्न मनवलसि. दिल्ली, मुंबई, आ पंजाबो में एकरा धाकड़ सफलता मिलल. “दाग” के एह साल के सबसे बड़हन सफलता हासिल करे के सौभाग्य मिलल. ओकरा बाद सलमान खान के “दबंग” फिल्म का साथे निरहुआ के “मृ्त्युंजय” रिलीज भइल आ तबहियों ई फिल्म औसत से बढ़िया बिजनेस कइलसि. ओकरा बाद पूजा का समय निरहुआ के “रणभूमि” रिलीज भइल जवना में निरहुआ एगो दलित युवक का भूमिका में रहलें आ फिल्म आम भोजपुरी सिनेमा का लीक से हटि के रहल. “रणभूमि” के सफलता ऊ गलतफहमी तूड़े में सफल रहल कि लीक से हटि के बनल फिलिमन के भोजपुरी में सफलता ना मिल पावे. साल का आखिर में आइल “लोफर”. जाड़ा का मौसम का बावजूद एह फिल्म के स्वागतयोग्य सफलता हासिल भइल. कहे के मतलब ई कि एहू साल हीरो न॰ १ का शिखर पर निरहुए बरकरार रहलें. उनकर फिलिमन के सफलता के आलम ई बा कि निरहुआ के औसतो रुप से सफल फिल्म दोसरा स्टारन के सुपर हिट फिलिम से बढ़िया बिजनेस करेले. निरहुआ उम्मीद जतवलें कि दर्शकन के प्यार उनका अगिलो साल ओहितरे मिलत रही जइसे पिछला चार साल से लगातार मिल रहल बा. अगिला साल निरहुआ के पहिला फिल्म रही “आखिरी रास्ता” जवना के शूटिंग बैंगकाक के मनोरम जगहन पर करावल गइल बा आ जवना में निरहुआ का साथे तीन गो नायिका बाड़ी, पाखी, रिंकू, आ मोनालिसा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up