कवनो इमेज में ना बन्हाइल चाही – पवन सिंह

by | Jun 26, 2012 | 0 comments

राखेला शान भोजपुरिया जवान में पवन सिंह

भोजपुरिया गायकी के सिरमौर आ भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह दू दर्ज़न से अधिका सफल फिलिम दे चुकला का बाद अब आपन नया पारी शुरू कर दिहले बाड़न. फिलिम “राखेला शान भोजपुरिया जवान” से पवन सिंह संगीत निर्देशक के नयी पारी शुरू कर दिहले बाड़ें. एही बारे में उनुका से भइल बातचीत के कुछ हिस्सा एहिजा परोसल गइल बा –

नयकी पारी क शुरुआत ?

ई हमरा करियर में नया शुरुआत जरूर लागत होखे हमरा चाहे वालन के बाकिर सिनेमा में आवे से पहिले हमर पहिचान गायके के रहल. जब हम अलबम आ फिलिमन खातिर गीत गावत रहीं त म्यूजिक पर बेसी धेयान देत रहीं. काहे कि बढ़िया संगीत तबे बन पावेला जब ओकरा में ओहसे जुड़ल सगरी लोगन के भागीदारी होखे. जब म्यूजिक हमरा पसंद के रहत रहे त दिल के बहुते सुकून मिलत रहुवे. बस, दिल के ओही सुकून ला हम म्यूजिक डायरेक्टर बनल बानीं. हमरा ख़ुशी बा कि एह फिल्म के निर्माता मनोज चौधरी आ निर्देशक राजू जी हमरा के मन लायक काम सउँपलें.

एह फिल्म “राखेला शान भोजपुरिया जवान” में आपन किरदार?

‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ में हमार कैरेक्टर बहुते दिलचस्प बा. जइसे कि बॉलीवुड में एक्टर अपना बॉडी क बेसी नुमाइश करेलें वइसहीं एह फिल्म में हमरो किरदार बा. सबे जानेला कि सन्नी देओल हमार आदर्श रहल बाड़ें. बचपने से उनका फिलिमन के शौक़ीन रहल बानी, हर फिल्म कई कई बार देखले बानी. हमार चाहत रहे उनुके तरह आपन बॉडी बनावे के. से अब जाके ई मौका मिलल बा हमरा. मिथिला टाकिज के संगे ई हमार तिसरकी फिलिम हवे. पहिलका रहल गुंडईराज आ दूसरकी “डकैत” जवन जल्दिए रिलीज़ होखे वाली बा. एह फिल्म ‘डकैत’ में हम बहुते अइसन स्टंट कइले बानी जवना के देख के दांत तर अंगुरी दबा लीहें.

डकैत जइसन निगेटिव किरदार के अनुभव कइसन रहल?

हमरा एह किरदार में कवनो बुराई ना लउकल. हर आदमी में गुण अवगुण होला. केहू के नीमन लागेला केहू के बाउर. ई “डकैत” दोसरा डकैतन जस नइखे. ई गरीबन के भलाई करेला, भठियारन के लूटेला. साँच त ई बा कि रोमांटिक कैरेक्टर में हमरा के दर्शक अधिका पसंद करेलें बाकिर हम कवनो खास किरदार में अपना के कैद कर दिहल ना चाही. एह कैरेक्टर में बहुते मजा आइल बा.

राउर नया लुक?

नीक लागऽता. दर्शकनो का कसौटी पर एह इमेज में हम खरा साबित होखब. बता दीं कि रोमांटिक कैरेक्टर के अलावहुँ हम कई एक कैरेक्टर कर चुकल बानी जवनन के दर्शक सरहले बाड़ें. कलाकार उहे होला जे कवनो खास इमेज में बन्गाइल ना होखे. एहीसे हम हर तरह के रोल कइले बानी आ समय समय पर आपन लुको बदलले बानी.

फिल्म से उम्मीद?

हमरा उम्मीद बा कि दर्शक पहिलही जइसन प्यार एह डकैत पवनो सिंह के दीहें.फिल्म में हमार कैरेक्टर पॉजिटिव बा एहसे ऑडियंस के सपोर्ट जरूरे मिली.

आपके गिनती स्टार कलाकारन में होला. कइसन लागेला सुनके?

साँच कहीं त डर लागेला. ‘स्टार’ शब्द में ‘अहम’ लुकाइल होले जवना के हम सकार ना सकीं. हम कलाकार हईं आ कलाकार सिर्फ दर्शकन के प्यार के भूखाइल होला. बचपने से अपना ला ताली सुनत आइल बानी बाकिर ई भूख ह कि खतमे ना होले. दर्शकन का दिल में हमरा ला हमेशा प्यार बनल रहे इहे हमार दिली तमन्ना ह आ एही ला अपना काम के पूजा मानत लागल बानी पूरा ईमानदारी से.

राउर प्राथमिकता का होखी?

ई त सभे जानेला कि नायक से पहिले हम गायक रहीं. गायिकी ना रहीत त शायद आज हम एह मुकाम पर ना होखतीं. से रहल बात प्राथमिकता के त संगीत हमरा ला सबले खास बा काहे कि ओही में हमर आत्मा बसेले. अभिनय ओकरा बादे.

आवे वाली फिलिमन के नाम?

हमार नाहियो त एक दर्ज़न से अधिका फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ. सौगंध गंगा मैया के रिलीज़ भइल बा आ ओकरा निकहा सफलतो मिलल बा. एकरा बाद डकैत, रंगबाज़ राजा, डोली चढ़ के दुल्हन ससुराल चली, लावारिस, आंधी तूफ़ान वगैरह कुछ प्रमुख फिलिम बाड़ी सँ. सबमे हमार किरदार अलग अलग बा. आ हमरा अपना सगरी फिलिमन से बहुत उम्मीद बा.


(उदय भगत के रिपोर्ट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up