सिनेमा भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव 8 जून से रिलीज होखे जात ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ में एक्शन अवतार में लउकीहें. बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. क बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता पप्पू भाई, राजेश सिंह आ संजय कनूगा, निर्देशक अरविंद चौबे, एक्शन मास्टर दिलीप यादव, संगीतकार मधुकर आनंद, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, आ कृष्णा बेदर्दी, अउर क्रिएटिव निर्माता आशीष एस. ठाकुर हउवें.
फिल्म में मुख्य जोड़ी खेसारी लाल आ अंजना सिहं क बा, खलनायक हउवें रजनीश झांजी, आ बाकी कलाकारन में शशिमोहन सिंह, प्रिया कपूर, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, प्रिया पाण्डेय, रत्नेश बरनवाल, संजय वर्मा, आशा शर्मा, जसवंत कुमार, बालेश्वर सिंह, जय सिंह, आ रंजीत कुमार सिंह व शामिल बाड़ें.
(प्रशान्त निशान्त के रपट)
0 Comments