गंगा सिर्फ नदीए ना संस्कारो हउवे – रवि किशन
भोजपुरिया टाइगर रवि किशन गंगा के अविरलता आ निर्मलता के अभियान के आपन समर्थन देत हर संभव मदद करे के बात कहले बाड़े. पिचला दिने ऊ बनारस में एकर शुरुआतो कर दिहलें. रवि किशन बनारस में फिल्म “मोहल्ला अस्सी” शूटिंग करत रहले. अस्सी घाट पर गूंजत गीत ‘गंगा रे जरा ठहर यहां, क्यों कन्नी काट के जाती हो.’ पर कलाकारन के भाव काशीवासियन के रिझा दिहलसि. साथही फिल्म यूनिट से जुड़ल सगरी सदस्यन का सीना पर लागल गंगा रक्षा से जुड़ल स्टीकर दिल से दिल के तार मजबूती से जोड़ दिहलसि. इहो जता दिहलसि कि गंगा कवनो एक के ना बलुक सभकर महतारी हियऽ. ओकर रक्षा करे खातिर सभही के खेवइया बने के पड़ी.
रविकिशन के कहना बा कि गंगा सिर्फ नदीए ना पूरा संस्कार हवे, जवन हर भारतवासी में आकार लेबेले. ओकरा के रोकल भा गंदा कइला के असर जनमानसो पर पड़ी. गंगा के अविरल बहे देबे ओकरा के निर्मल करे खातिर हर अभियान में सभके जी जान से जुटे के चाहीं. एह अभियान के पिछला दिने बनारस में मौजूद अभिनेता सन्नीओ देओल आपन समर्थन दिहले बाड़न. कहलन कि काशी आ गंगा से उनुकर पुरान नाता ह आ गंगा रक्षा के हर काम में सबही के जी जान से जुटे के चाहीं.
(उदय भगत के रपट से)