अनेके सुपर हिट भोजपुरी फिलिमन के स्टार नायिका, मधुर मुस्कान क धनी, रूप-सौंदर्य के मल्लिका गुंजन पन्त रोजे नया ऊँचाई छूअत बाड़ी. उनुका के अगर “हैट्रिक फिलिमन के हिरोइन” कहल जाव त बेजाँय ना रही. नैनीताल के खूबसूरत वादियन के सुन्दरता अपना में समेटले मायानगरी मुंबई आइल गुंजन पन्त क नाम अनायासे हर केहु का जुबना पर आ जाला काहे कि ऊ जतना बेहतरीन अदाकारा हई ओहू ले बेसी उनुकर हँसमुख सुभाव लोग के नीक लागेला. गुंजन पन्त क सबले बड़ खासियत ई बा कि ऊ हर सीन के सहज भाव से कर लेली. उनका अदाकारी आ कातिल अदा के कायल आजु दर्शके ना निर्मातो निर्देशको लोग हो गइल बा.
अब बात होखे उनुका हैट्रिक फिलिमन के त “किसना कईलस कमाल”, “धूम मचईला राजा जी”, आ अब “जान मारे ओढ़नियाँ तोहार” के निर्देशक हउवन चुनमुन पंडित. तीन गो फिलिम, “बृजवा”, “मोरा बलमा छैल छबीला” आ “किसना कईलस कमाल” में स्टार नायक विनय आनंद का साथे गुंजन के हैट्रिक बन चुकल बा. निर्माता में जितेश दुबे का साथे उनुकर तीन गो फिलिम, “मार देब गोली केहू न बोली”, “बृजवा” आ “यादव पान भंडार”, क हैट्रिको गुंजन के बन चुकल बा.
गुंजन के जल्दिए आवे वाली फिलिमन में “राम लखन”, “यादव पान भंडार”, आ “धूम मचईला राजा जी” क नाम शामिल बा.
हालही में गुंजन “बाबा का दलान” बैनर तले बने जात फिल्म “कोठा” के साइन कइले बाड़ी. एकर निर्देशक हउवें मनोज श्रीपति झा.
(अपना न्यूज के रपट)