छठवाँ भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह १४ अक्टूबर के

by | Oct 11, 2011 | 0 comments

भोजपुरी फिल्म जगत के सबसे प्रतिष्ठित अवार्ड “भोजपुरी फिल्म अवार्ड” के छठवाँ समारोह खातिर जूरी सदस्य आ पुरस्कार श्रेणी में चुनाइल फिलिमन के घोषणा कर दिहल गइल बा. मुंबई में आयोजित एगो संवाददाता सम्मलेन में अवार्ड समिति के संस्थापक अध्यक्ष विनोद गुप्ता ई घोषणा कइलन.

एह साल चयन प्रक्रिया में कुछ बदलाव भइल बा. पहिला बेर पुरस्कार समिति के जूरी सदस्यन के नाम के घोषणा कइल गइल. जूरी के छह सदस्यन के नाम बा के.पी.निगम, असीम सिन्हा, राज सिंह चौधरी, अमिताभ वर्मा, मिश्रा जी आ आशुतोष. अवार्ड संचालन के जिम्मा सम्हरले बाड़न स्वरुप फिल्म्स के पुनीत केला.

१४ अक्टूबर के गोरेगांव स्पोर्ट्स क्लब मुंबई में होखे जा रहल एह समारोह में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के श्रेणी में रवि किशन दू गो फिलिमन खातिर, निरहुआ दू गो फिलिमन खातिर आ पवन सिंह के नाम एगो फिलिम खातिर नामांकित भइल बा. सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री खातिर रानी चटर्जी आ पाखी हेगड़े के दू दू गो फिलिम आ स्वीटी छाबड़ा के एगो फिलिम के नामांकित कइल गइल बा.

बेस्ट फिल्म खातिर रवि किशन के “चंदू की चमेली” आ “देवरा बड़ा सतावेला”, निरहुआ के “रणभूमि” आ “सात सहेलियां” आ प्रवेश लाल यादव के “दिल” शामिल बा.


( स्रोत : उदय भगत, प्रशान्त निशान्त आ संजय तिवारी)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up