मशहूर निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के फिलिम ‘नागिन‘ छठ का मौका पर रिलीज होखे जात बा. एह फिलिम में मोनालिसा के हॉट अंदाज़ देखे के मिली. फिलिम में मोनालिसा आ नयका सुपर स्टार खेसारीलाल के शानदार हॉट सीन आ गाना बाड़ी स. मोनालिसा एह हॉट सीनन के फिलिम के कहानी के डिमांड मुताबिक बतावत बाड़ी.

एह फिलिम में खेसारी लाल नाग आ कालेजिया विद्यार्थी के डबल रोल में बाड़न. खेसारी के नायिका दू गो बाड़ी एह फिलिम में, रानी चटर्जी आ मोनालिसा. एही संगे खेसारी लाल के एगो अउर फिलिम रिलीज होखे जात बा जवना के नाम ह ‘लहू के दो रंग’. ई फिलिम ’फैमिली ड्रामा‘ ह आ एहमें खेसारी किसान के बेटा बनल बाड़ें. एह फिलिम में महतारी बेटे क भावनात्मक रिश्ता आ महतारी-बाप ला बेटा के फर्ज देखावल गइल बा. एहमें खेसारी के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल अंजना.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: