टटको में टटका खबर : 13 अक्टूबर 2014, सोमार

by | Oct 14, 2014 | 0 comments

नार्वे में गार्ड आफ आनर निरखत राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी

नार्वे में गार्ड आफ आनर निरखत राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी

  • कांग्रेस के प्रवक्ता पद से हटावल गइल नेता शशि थरुर कहलन कि पार्टी के फैसला सिर माथे बाकिर उनुका के जबाब के मौका मिले चाहत रहे. जवन भइल तवना में उनुका के आपन पक्ष राखे के मौका ना मिलल.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहलन कि अगिला विधानसभा में जदयू के नेता उहे रहीहे आ अगर गठबन्हन के लोग उनका के नेता चुन ली त मुख्यमंत्रिओ उहे बनीहें. साथही कहल ना भुलइलन कि जदयू के सर्वमानय नेता नीतीश कुमार हउवें.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आजु कहलनकि लइकियन के शादी के उमिर बढ़ा के पचीस साल क देबे के चाहीं. एहसे लइकियन के स्वास्थ्य में सुधार होखी आ कुपोषण के समस्या दूर होई.
  • पटियाला के एसपी बलजिशदर सिंह अपना सर्विस रिवाल्वर से गोली मार के खुदकुशी क लिहलन. काहे कइलन से अबही पता नइखे चलल.
  • पश्चिम चंपारण के गौलहा प्रखंड के पैक्स चुनाव टार दिहल गइल बा काहे कि पचास फीसदी से कमे सदस्यन के नामांकन भइल बा प्रबंध कार्यकारिणी समिति में.
  • बक्सर जिला के चौसा गंगापंप नहर परियोजना के खराबी दूर करे के माँग करत भाजपा नेता स्वामीनाथ तिवारी आ परशुराम चतुर्वेदी आजु से अनशन शुरू कइले.
  • सिवान जिला के रघुनाथपुर प्रखंड के रकौली घाट पर नहाए गइल दू गो लड़िका डूब गइले.
  • रोहतास जिला के करहगर गांव का नियरा एगो असली पुलिस एगो नकली पुलिस के गिरफ्तार क लिहलसि.
  • भारत के अंडर-21 पुरुष हॉकी टीम मलेशिया में होखत सुल्तान जोहोर कप के दुसरका ग्रुप मैच में आजु इंग्लैंड से 0-2 से हार गइल.
  • महाराष्ट्र आ हरियाणा में चुनाव प्रचार के काम आजु साँझ से बन्द हो गइल. परसो वोट के बटन दबावल जाई आ 18 तारीख के वोट गिनल जाई.
  • हाॅकी इण्डिया के बइठक मे सभका एकमत से नरेंद्र बत्रा के अगिला चार साल ला हॉकी इंडिया के अध्यक्ष चुन लिहल गइल. मुश्ताक अहमद महासचिव चुनाइल बाड़न.
  • पश्चिम बंगाल के दक्षिण 24 परगना में कैनिंग-सियालदह लोकल ट्रेन के दू गो डिब्बा घुटियारी शरीफ का लगे बेपटरी हो गइल आ अनेके सवारी घवाहिल हो गइले.
  • सेबी आजु रियल्टी कंपनी डीएलएफ आ ओकर अध्यक्ष के.पी. सिंह समेत छह गो अधिकारियन के तीन साल ले पूंजी बाजार से बाहर कर दिहलसि. एह लोग पर कंपनी के सार्वजनिक निर्गम का दौरान कइल जाए वाला खुलासा में कमी के जिम्मेदार मानल गइल बा.
  • गिद्ध त बिलाइए गइले सँ अब कुछ लोग के नजर उल्लू पर पड़ गइल बा. हो सकेला कि कुछ साल बाद उल्लूओ ना लउकऽ सँ काहे कि एकनी के बसेरा देबे वाला ईमली, बरगद आ पीपल के गाछ घटत जात बाड़ी सँ आ उपर से कुछ लोग एकनी के तस्करी करे में लागल बा.
  • समुद्री चक्रवाती तूफान हुदहुद के कमजोर पड़ला का बाद आंध्र प्रदेश आ ओडिशा के सरकार राहत. बचाव आ फेरू से बसावे का काम में आपन ताकत लगवली सँ. पीएम मोदी हालात के जायजा लेबे ला काल्हु विशाखापत्तनम जइहन.
  • मल्टी ब्रांड खुदरा कारोबार करे वाली कंपनी वी मार्ट इंडिया आजु पटना, जमशेदपुर, आ आगरा में आपन नया स्टार खोललसि. कंपनी के कारोबार उत्तरी भारत में बढ़िया रहल बा आ अब पूर्वी भारत में आपन डेग बढ़वले बिया.
  • विदेशी बाजार के देखा देखी आ देश के त्योहारी सीजन का चलते सोना 200 रुपिया आ चाँदी 450 रुपिया उछिलल.
  • हरियाणा के सिरसा स्थित डेरा सच्चा सौदा हरियाणा आ महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के समर्थन देबे के एलान क दिहलसि आजु.
  • भोजपुर जिला में महादलित मेहरारूवन संगे बलात्कार का खिलाफ आजु माले भोजपुर बन्द के गोहार लगवलसि जवना के थोड़ बहुत असर देखे के मिलल सड़कन पर.
  • हुदहुद से हदबदइला बिना भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन अपना इरादा प अडिग रहत 16 तारीख के होखे वाला उपग्रह प्रक्षेपण खातिर उलटा गिनिती शुरू क दिहलसि.
  • महाराष्ट्र आ हरियाणा चुनाव से पहिले भाजपा अध्यक्ष अमित शाह सोमनाथ मंदिर में विशेष पूजा अर्चना कइले.
  • पश्चिम बंगाल में सरकार चलावे वाला तृणमूल कांग्रेस के लोकसभा सांसद कपिल कृष्ण ठाकुर के लमहर बेमारी का बाद आजु निधन हो गइल.
  • भारत के इंचियोन एशियाई खेल में डिस्कस थ्रो के स्वर्ण पदक दिआवे वाली एथलीट सीमा पूनिया के दुख बा कि कबो उनका पर लागल डोपिंग कलंक का चलते आठ बरीस से अर्जुन पुरस्कार खातिर उनकर नाम नइखे सोचात.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के सराहे का चलते कांग्रेस अपना नेता आ केंद्रीय मंत्री रहल शशि थरूर के पार्टी के प्रवक्ता पद से हटा दिहलसि.
  • मुलायम सिंह यादव के संसदीय क्षेत्र आजमगढ में यूपी सरकार एगो नया चीनी मिल लगावे के योजना बनवले बिया. जबकि राज्य के चीनी मिलन के आर्थिक हाल खस्ता होखत जात बा.
  • सहारा समूह के कंपनियन से रिफंड माँगत 4600 निवेशक सेबी का लगे आवेदन कइले.
  • वाराणसी के फूलपुर इलाका में अतवार के देर रात भइल एगो सडक हादसा में एके परिवार के तीन जने के मौत हो गइल आ एक जने गंभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल गइले.
  • दू साल पहिले दुर्घटना से खराब भइल आ नई दिल्ली के इन्दिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डे पर पड़ल आपन हवाई जहाज बेचे के फैसला कइलसि यूपी सरकार.
  • बिहार के औरंगाबाद जिला के जनसंपर्क अधिकारी (डीपीआरओ) आ 45 साल उमिर के भूपेन्द्र नारायण सिंह के लाश उनुका किराया वाला डेरा से बरामद कइल गइल.
  • शंकराचार्य-सांई विवाद में कवनो तरह के दखल देबे से सुप्रीम कोर्ट इन्कार कर दिहलसि. कहलसि कि ई आस्था से जुड़ल मामिला बा.
  • मऊ जिला के घोसी इलाका में नाजायज शराब के बिक्री रोके में नाकाम साबित अमिला पुलिस चौकी के सगरी पुलिस कर्मचारियन के लाइन हाजिर करा दिहल गइल.
  • हुदहुद का चलते बिहार आ पूर्वांचल में रुक रुक के होखत बरखा बुध ले चलत रहे के उमेद बा.
  • अमेरिकी विदेश मंत्री जान कैरी कहलन कि सीरिया के शहर कोबानी पर इस्लामिक स्टेट आतंकवादियन के बढत पकड से बहुते चिंतित बा अमेरिका.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up