pub-4188398704664586

डाँसिंग गर्ल सीमा सिंह

by | Mar 6, 2011 | 0 comments

कहल जाला कि रउरा बिना रील के भोजपुरी फिल्म बना सकीले बाकिर सीमा सिंह के आयटम डांस डलले बिना ना. सीमा सिंह के लोकप्रियता के आलम ई बा कि ऊ रोजे एगो दू गो आयटम डाँस के शूटिंग करावत रहेली. फिल्म के शूटिंग भले यूपी बिहार में हो जाव, सीमा सिंह के आयटम डांस हमेशा मुंबई में करावल जाला काहे कि कवनो निर्देशक ना चाहे कि सीमा सिंह के कवनो तरह के परेशानी होखे. आखिर सीमा सिंह का डांस पर सगरी भोजपुरी दर्शक नाचेले आ अगर निर्मातो निर्देशक नाचे लागल बाड़े त का अचरज ! हालही में सीमा सिंह पाँच गो फिल्म खातिर साइन कइल गइली. फिल्म हउवें सँ केडी निर्देशित “चिंगारी”, विनय आनन्द का साथे “बंधनमुक्त”, “ठुमके वाली”, अजय दीक्षित का साथे “बागी”, आ रविकिशन का साथे “केहू हमसे जीत ना पाई”.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586