भोजपुरी स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ तिसरका बेर हिन्दी के दबंग स्टार सलमान खान से टकराए जात बाड़न. एह साल ईद पर सलमान खान के ‘एक था टाईगर’ का संगही ‘एक बिहारी सौ पे भारी’ आ ‘गंगा जमुना सरस्वती’ रिलीज कइल जात बा. ‘एक बिहारी सौ पे भारी’ निरहुआ एगो बिहारी युवक के भूमिका में नायक बाड़ैं त निर्माता आलोक कुमार के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में भोजपुरी के तीनो बड़का सितारा आपन जलवा देखइहें. एहमें निरहुआ संगे मनोज तिवारी ‘मृदुल’ अउर रविओ किशन शामिल बाड़ें.
पिछला बेर सलमान के ‘वान्टेड’ संगे निरहुआ के ‘परिवार’ रिलीज भइल रहे आ बॉक्स ऑफिस पर हिट रहल. फेर ‘दबंग’ संगे निरहुआ के ‘मृत्युंजय’ अइलें आ पूरा भारत में शानदार ओपनिंग से शुरूआत कइलें. अबकी सलमान के ‘एक था टाईगर’ संगे आवत निरहुआ के दुनु फिलिमन के सफलता ला ट्रेड पंडित आश्वस्त बाड़ें.
बकौल निरहुआ एक संगे फिलिमन के रिलीज होखल टक्कर ना होखे. ईद जइसन तेवहार पर कईएक फिलिम रिलीज होके पइसा वसूल सकेली सँ एहीसे निर्माता आ वितरक अइसना मौका पर फिलिम रिलीज करेलें.
ईहो जानेलायक बा कि लगातार पाँच साल से भोजपुरी सिनेमा के नं. 1 सितारा रहल निरहुओ सलमान के फैन हउवें इ सलमान के फिलिमन के कायल हउवें.
(प्रशांत निशांत के रपट)