लोग अपना व्यस्त जीवन से कुछ पल चोरा के हंसल-हँसावल चाहेले आ एही खातिर टी वी पर देखावल जात कॉमेडी शो देखे बइठेले. बाकिर का सही मायने में आजुकाल्हु के कॉमेड़ी शो देख के दर्शक हँसेले कि उनुका दुअर्थी संवाद झेले के पड़ेला. पूरा परिवार एक साथे बइठ के एह शोअन के देखिये ना सके आ अगर देखे बइठ जाव त अगल-बगल झांके के पड़ी भा बीचे में उठ जाये के पड़ी. पहिले अइसन तब होखत रहे जब लोग अंगरेजी फिलिम देखत रहे. ओहमे कवनो कवनो सीन पर लोग एक दोसरा के इग्नोर कर देत रहे.
का बढ़िया हास्य ना देखा सकसु एह कार्यक्रमन के निर्माता ? आ अगर अइसन ना कर सकसु त काहे ना एह शोअन के प्रसारण देर राति के कइल जाव ? फूहड़ आ अश्लील लबरई देखि के सोचे पड़त बा कि का हमनी के स्तर एतना गिर गइल बा कि एह तरह के कार्यक्रमन के देखावे खातिर मजबूर बानी जा ?
एगो समय रहे जब फूहड़ संवादन खातिर लोकप्रिय मराठी अभिनेता दादा कोंडके आ हिंदी सिनेमा के लोकप्रिय संवाद लेखक आ अभिनेता कादर खान के संवादो कवनो कवनो फिलिम में दुअर्थी होत रहे बाकिर अब त ओहु लोग के संवाद एह कॉमेडी शोअन के संवादन का सोझा साफ सुथर लागे लागेला. बुझात बा जे आजु सभे दादा कोंडके आ कादर खान से टक्कर लेबे में लागल बा आ एह टक्कर में फंस गइल बाड़े दर्शक आ एह कार्यक्रमन के अभिनेता. ऊ लोग अभिनय त करत बा बाकिर रचनात्मकता संतुष्टि नइखे मिल पावत ओह लोगन के. ऊ लोग खुद अपने परिवार का सोझा एह शोअन के ना देख पावसु, देखेले त लुका छिपा के मानो कवनो पोर्न फिल्म देखत होखसु. आजु के कॉमेडी शो अइसन लागेला जइसे हमनी का वल्गर जोक सुनत देखत होखीं. अनेके कलाकारन के मन गंवारा नइखे करत कि ऊ लोग एहसे जुड़ल रहो.
मरदन के मेहरारू बनल आ मेहरारूवन के मरदन के भेस-भूसा में अभिनय कइला में कवनो खराबी नइखे बाकिर संवाद अइसन बोलल जाले जवनन के सुनि के हँसी ना आवे बलुक लागेला कि पुरहर कपड़ा पहिरले अभिनेतन के कवनो सेक्स चैनल पर देखत होखी जा. अब निर्माता आ निर्देशक कहीहें कि आपके हाथन में रिमोट बा त काहे नइखी चैनल बदल लेत ? हँ, बदल सकीले आ बहुते लोग बदलियो लेला बाकिर का इहे तरीका बा एह समस्या से निबटे के कि बस “कबूतर के तरह आँखि मूँद लऽ”. कुछ समय पहिले के एह कॉमेडी शो में एगो बच्ची सलोनी ओ रहुवे. ना त कार्यक्रम के निर्मातन के समुझ में आवत रहुवे ना ओकरा मम्मी पापा के कि एह तरह के अश्लील आ फूहड़ शो में काहे वइसन छोटहन बच्ची के शामिल कइल गइल बा.
हमनी का कॉमेडी के मतलब बस सेक्स कामेडी समुझ लिहले बानी आ एकरा से फरका हास्य हमनी के हास्ये ना लागे. “क्या कूल हैं हम” आ “मस्ती” जइसन हिन्दी फिलिमो एही तरह के रहली सँ. एह कॉमेडी शो में एंकर लड़की हमेशा अइसन कपड़ा पहिरेली जवना से ओकर आधा टाँग उघारे रहेला आ हर कलाकार ओही उघाड़ टंगड़ी पर अइसन अइसन कॉमेडी करत तहे कि पूछीं मत.
अइसनका सगरी फूहड़ हास्य शो पाकिस्तान के कॉमेडी शो “बकरा किस्तों पर” के नकल करत बनावल गइल बा. पाकिस्तान के ई शो एक समय बहुते लोकप्रिय रहुवे आ एकर एगो कलाकार उमर शरीफ अश्लीलता के अनेके सीमा लाँग जात रहले.
(एच एस कम्यूनिकेशन के मीनाक्षी शर्मा के लेख)
0 Comments