देश के नवरत्न कलाकारन में शामिल बाड़े मनोज तिवारी

देश के बहुते प्रतिष्ठित पत्रिका “इण्डिया टूडे” के नयका अंक में देश के प्रतिष्ठित आ असरदार लोगन के सूची प्रकाशित कइल गइल बा जवना में समाज के हर क्षेत्र से नौ नौ लोग के चुनल गइल बा. सिनेमा जगत से जुड़ल नौ गो असरदार लोगन में पहिला बेर कवनो भोजपुरी कलाकार के नाम शामिल भइल बा आ ऊ नाम हवे भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी के. एह सूची में अमिताभ बच्चन, रजनीकांत, आमिर खान, शाहरुख खान, सलमान खान, कैटरीना कैफ, प्रकाश झा, ए॰आर॰रहमान आ मनोज तिवारी के नाम बा. मनोज तिवारी का बखान में लिखल गइल बा कि ससुरा बड़ा पइसावाला से शुरु भोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर में एकरा के लोकप्रिय बनावे में मनोज तिवारी के खास योगदान बा. इहो कहल गइल बा कि जब बाकी लोग राजनीतिक छँटुआ अमर सिंह से दूरी बना लिहल तबहियो मनोज तिवारी अलग पूर्वांचल राज्य के गठन का मुद्दा पर दू महीना ले उनुका साथ पूर्वांचल के खाक छनलन. मनोज तिवारी के बढ़िया कार के शौकीन बतावत लिखल गइल बा कि उनुका लगे पहिले से फार्चूनर, लैंड क्रूजर आ मर्सीडिज बा आ अब आडी क्यु सेवन जल्दिये आवे वाला बा. लिखल गइल बा कि मनोज तिवारी रिश्तन के अहमियत जाने मानेले आ फुर्सत में दोस्तन का साथे क्रिकेट मैदान चल जालें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Loading

One thought on “देश के नवरत्न कलाकारन में शामिल बाड़े मनोज तिवारी”
  1. Among Various Bhojpuri Artists Manoj Tiwary is one of the most valued person who still attached with the bhojpuria essence. Most of the other actors forgotten the originality of Bhojpuri but Manoj Bhaiya is still attached with it. This is the things inherited in you which should be maintained always for the flags always fly on the bhojpuri world.
    Regards and hats off to Manoj Bhaiya.
    Love you.

Leave a Reply to Sandip SumanCancel reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up