धामा वर्मा बंगला फिलिमन में

by | Aug 18, 2012 | 0 comments

करीब दू दर्जन से अधिका फिलिम आ धारावाहिकन समेत एह साल के सबले बड़ हिट “जान तेरे नाम” में सुदामा के भूमिका से धमाल मचावे वाला आ भोजपुरी के बेहतरीन अभिनेतन में शुमार धामा वर्मा अब बंगला फिलिमन में अपना अदाकारी के फहरइहें.

बंगला फिलिमन में धामा वर्मा के पारी के शुरूआतो मशहूर फिल्मकार गौतम घोष जइसन दिग्गज निर्देशक संगे माओवादी पृष्ठ भूमि पर बनत फिल्म से भइल बा. एह फिलिम में कोंकणा सेन, प्रियांशु चटर्जी, आ धित्रिमान चटर्जी संगे नजर अइहें धामा वर्मा.

बकौल धामा – ई हमरा ला गर्व के बात बा कि गौतम दा जइसन बड़हन फिल्मकार ना सिर्फ बुला के काम दिहलें बलुक हमरा काम पर भरोसो जतवलें.

धामा इस फिल्म में शलबाजूलूम (इन्फार्मर) के जबरदस्त भूमिका मे लउकीहें जे आखिर में कोंकणा सेन के हाथे मारल जा ता. बतावे जोग बा कि बरीसन पहिले धामा वर्मा गौतम घोष के निर्देशन में बनल आ अनेकन पुरस्कार जीते वाला फिलिम “पतंग” से आपन अभिनय यात्रा शुरू कइले रहलें आ शबाना आजमी, ओमपुरी, मोहन अगासे , अउर शत्रुघन सिन्हा जइसन दिग्गज स्टारना का भीड़ो में आपन छाप छोड़े में सफल भइल रहलें.

धामा वर्मा अनेके सुपर हिट भोजपुरी फिलिमन में आपन अलग-अलग तरह के भूमिका में दर्शकन के दिल जीतलें. एह फिलिमन में राजा भोजपुरिया, निरूहआ चलल ससुराल, हमार बियाह तोहरे से होई, श्रीमान् ड्राईबर बाबु, कानून हमरा मुट्ठी में, प्रेम के रोग भईल, दाग, लड़ाई ल अखियाँ ऐ लोंडे राजा, आज के करण अर्जुन, लोफर जान तेरे नाम, अउर सस्ता जिनगी मंहग सेनुर खास बाड़ी सँ.


(उदय भगत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up