शादी बिआह में नाच के महफिल सजावे वाली नचनियन के आपन जिनिगी कतना बदरंग होला एकर सच्चाई देखे के मिली भोजपुरी फिल्म ‘नाच दुलारी नाच’ में.

बालाजी सोलिटर फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर में बनल एह फिलिम के पूरा परिवार एक साथे बइठ के देख सकेला कहना बा निर्माता विनोद त्रिवेदी आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी के. एहमें एक से बढ़ के एक बढ़िया गीत बाड़ी सँ जवना के संगीतकार हउवें राकेश त्रिवेदी. पटकथा लेखक केशव राठौड़, संवाद लेखक मोहम्मद रफी खान, कैमरामैन प्रिंस, गीतकार राकेश निराला, नृत्य निर्देशक केदार सुब्बा, आ एक्शन डायरेक्टर हेमल सी.

‘नाच दुलारी नाच’ के मुख्य कलाकारन मे श्री कनकनी, यश त्रिवेदी, जफ़र खान, उदय श्रीवास्तव, रोहित सिंह मटरू, चंदन पुरुषोत्तम बाड़ें. एहमें पहिला बेर लोग संगीतकार राकेश त्रिवेदी के आइटम डांसर सीमा सिंह संगे नाचत देखी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: