pub-4188398704664586

नया साल में गुंजन पंत के मिलल नायाब तोहफा

by | Jan 9, 2011 | 2 comments


भोजपुरी के टाप अभिनेत्रियन में शामिल गुंजन पंत के नया साल का मौका पर एगो नायाब तोहफा मिलल उनकर नया नया रिलीज फिल्म “नथुनिया पे गोली मारे” के शानदार सफलता से. ३१ दिसम्बर के रिलीज भइल एह फिल्म में “चोलिया के हुक राजाजी” वाला गीत दर्शकन के अतना बढ़िया लागल कि नयासाल का दिने गुंजन पंत का लगे बधाईयन के ताँता लाग गइल. दर्शकन के जोश के हाल ई रहे कि जेकरा टिकट ना मिले ऊ घरे लवटे का बदले अगिला शो का लाइन में लाग जाव. पिछलो साल गुंजन पंत के फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” के शानदार सफलता मिलल रहे आ गुंजन पंत के गिनती भोजपुरी के टॉपथ्री नायिका में होखे लागल रहे. एह नया सफलता से गुंजन के जगहा अउरी पक्का हो गइल बा.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

2 Comments

  1. गंजन पंत बिशाल कुमार बिहार

    09878436823

  2. गंजन पंत बिशाल कुमार बिहार

    गंजन आप शे मे कुच कहन vishal

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586