नरजिस म्यूजिक खरीदलसि भोजपुरी फिलिमन के संगीत अधिकार

by | Nov 14, 2011

भोजपुरी सिनेमा के संगीत खरीदे में जहाँ बड़का कंपनी हाथ खड़ा कर देत बाड़ी सँ ओहिजा भोजपुरी सिनेमा के संगीत खरीदके ओकरा के सही तरह से प्रमोट करे खातिर नरजिस म्यूजिक कंपनी एगो पहल कइले बिया. शुरूआत राहुल राय प्रोडक्शन के फिल्म ‘एलान बा’ आ प्रवेश लाल यादव अभिनीत फिल्म ‘राजा के रानी से प्यार हो गइल’ के संगीत अधिकार खरीद के कर दिहले बिया “नरजिस म्यूजिक कंपनी”. नरजिस म्यूजिक आवे वाला दिन में लगभग 200 भोजपुरी फिलिमन के संगीत खरीदे वाली बिया.

‘एलान बा’ के निर्माता राहुल राय आ योगेन्द्र तिवारी कइले बाड़न. निर्देशन धीरज कुमार के बा आ मुख्य भूमिका मनोज तिवारी के. एहसे पहिले ‘रंगबाज’ फिल्म के संगीत अधिकार नरजिस म्यूजिक खरीदले रहे आ ओकर गाना आजुओ सुपर डुपर हिट बा. नरजिस म्यूजिक भोजपुरी सिनेमा आ ओकरा गाना के सबले बढ़िया तरीका से प्रमोट करेले आ अपना बेहतर डिस्ट्रीब्यूशन नेटवर्क से ओकरा के आम श्रोता तक चहुँपाइयो देले.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up