लगातार सफल फिलिम दिहला का चलते भोजीवुड में कामयाब फिल्मकार का रूप में स्थापित हो चुकल निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के सिनेमा भोजपुरी के ‘मसाला मेकर’ आ ‘मनमोहन देसाई’ओ कहल जाए लागल बा. एही साल उनकर ‘ट्रक ड्राईवर’ आ ‘सौगंध मईया के’ जइसन चर्चित फिलिम सामने अइली सँ आ अब उनकर नइकीओ फिलिम ‘नागिन’ बनके तइयार बा. फिलहाल रानी चटर्जी-खेसारीलाल यादव अभिनीत एह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम होखत बा. पिछला दिने बोनी कपूरी के स्टूडियो में एडीटिंग क दौरान पाण्डेय जी मुलाकात भइल त ‘नागिन’ क बारे में बातचीत भइल. पेश बा ओही बातचीत में राजकुमार पाण्डेय के टटका आ बेबाक बयानी:

राजकुमार पाण्डे जी, पिछला दिने राउर फिलिम ‘ट्रक ड्राईवर’ आ ‘सौगंध गंगा मईया के’ बहुते चर्चित रहली स. कइसन रिस्पांस मिलल एह फिलिमन के रउरा नजर में ?
‘ट्रक ड्राईवर’ आ ‘सौगंध….’ फिलिमन के देश के हर हिस्सा के दर्शक पसनंद कइलें. ‘ट्रक ड्राईवर’ जहां एगो अलगे तरह के दिलचस्प फिल्म रहल, ‘सौगंध मईया के’ भुलाइल-मिलल फार्मूला पर बनल एगो स्वस्थ मनोरंजन देबे वाली फिलिम रहल. एकर पूरा शूटिंग बनारस में भइल रहल आ ई हमर सौभाग्य रहल कि बनारस जइसन धार्मिक नगरी में एकरा के फिलिमा पवनी.

राउर नइकी फिलिम नागिनो त बनके तइयार बा. कुछ एकरा बारे में बताईं ?
जी हँ, ‘नागिन’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन चलत बा. ई हमरा होम प्रोडक्शन बैनर साईंदीप फिल्म्स के तले बनल बा आ एहमें मुख्य कलाकार बाड़ी रानी चटर्जी, आ खेसारीलाल यादव, मोनालिसा, मनोज टाईगर, सीमा सिंह, बृजेश त्रिपाठी, वंदिनी मिश्रा, अवधेश मिश्रा वगैरह. एकर कहानी संछेप में ई बा कि शिवम (खेसारीलाल यादव), शिवानी (रानी चटर्जी) आ सोनिया (मोनालिसा) कॉलेजिया स्टूडेंट हउवें आ एके कॉलेज में पढ़त बाड़ें. सोनिया शिवम के चाहेली त ओने शिवानीओ शिवम से बहुते प्यार करेली आ उनुका तनिको ना भावे कि सोनिया शिवम के प्यार करे. शिवानी भिरी देवतन से मिलल ताकत बा काहे कि पिछला जनम में ऊ नागिन रहल. से एह तिकोनिया प्यार वाली कहानी में तरह तरह के विघ्न बाधा आवत बा जवना के कई एक मनोरंजक घटनाक्रम का सहारे देखावल गइल बा. एहमें कुल एगारह गो गीत बा. गीतकार प्यारे लाल यादव आ संगीतकार राजेश-रजनीश हउवे. हमरा बाकी फिलिमन क तरह एकरो गीत संगीत बेहतरीन बा. कुल मिला के कहीं त ‘नागिन’ धमाकेदार पारिवारिक फैंटेसी ड्रामा ह, जे हर वर्ग के दर्शक पसंद करीहें.

एह फिलिम के खासियत का बा ?
मनोज कुशवाहा के लिखल एह फिल्म क विषय त बेहतरीन बड़ले बा, रानी चटर्जी, खेसारीलाल यादव, अवधेश मिश्रा वगैरह सगरी कलाकारो एहमें बहुते बढ़िया काम कइले बाड़ें. रानी चटर्जी नागिन के माथ भूमिका में बाड़ी आ किरदार बढ़िया से निभवले बाड़ी. एहमें हम पहिला हाली डिजिटल कैमरा, कम्प्यूटर ग्राफिक्स आ क्रोमा वर्क वगैरह तकनीक इस्तेमाल कइले बानी. भोजपुरी फिलिम होखला का बावजूद तकनीकी जमीन पर ई कवनो हिन्दी फिल्म से कम नइखे.

ख़बर बा कि एहमें दिनेशलाल ‘निरहुआ’ के खास भूमिका बा ?
जी हँ, ‘नागिन’ में दिनेशलाल ‘निरहुआ’ जी फ्रेंडली अपियरेंस में बानी जवना ला हम दिनेश जी क आभारी बानी. ‘नागिन’ के हम शायद दीपावली छठ पूजा के आस पास रिलीज करब.

अउरी का प्लान बा राउर ?
अपना एगो फिलिम ला हम चर्चित लोकगायक राकेश मिश्रा के साइन कइले बानी. अउरी कलाकार के चुनला का बाद एकरा के शुरू करे के बा. अपना बेटा चिंटू के लेके एगो प्रेम कहानी फिलिमो जल्दिए शुरू करे के बा. एकरा अलावे एगो हिन्दी फिलिमो के शुरुआत हो चुकल बा जवना के पटकथा वगैरह पर काम चलत बा. वइसे अबहीं सगरी धेयान त ‘नागिन’ पर बा. एहिजा हम सगरी कलाकारन-फिल्मकारन से कहल चाहब कि दोसरा के दोष खोजला का बजाय बढ़िया स्वस्थ मनोरंजन वाला फिलिम बनावे पर पर ध्यान दिहल जाव त ई हमनी आ इंडस्ट्रीओ ला बढ़िया रही.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: