भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार्स दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ आ पवन सिंह के जोड़ी जल्दिए ‘एक दुजे के लिए’ में नजर आई. यशी फिल्मस प्रा. लि. आ कैपिटल फिल्मस् प्रा. लि. के बैनर तले बनल अभय सिन्हा आ टी. पी. अंग्रवाल के एह फिलिम के निर्देशन कइले कई हाली भोजपुरी के सर्वश्रेष्ठ निर्देशक रहल अनिल अजिताभ. फिल्म में दक्षिण भारतीय अदाकारा मधु शर्मा, एहसान खान आ संगीता रमणो खास भूमिका में बावे लोग.
फिल्म में युवा दिलन के प्रेम कहानी देखावल गइल बा. गीत बा प्यारेलाल यादव आ संतोष पूरी के आ सगीत हवे धनंजय मिश्रा के. छायांकन दामोदर नायडू, संपादन हरीश चौधरी, आ कार्यकारी निर्माता अंजनीकांत श्रीवास्तव हउवें. अबहीं फिल्म क पोस्ट प्रोडक्शन काम जोर शोर से चलत बा.
(प्रशांत निशांत के रपट)
0 Comments