निरहुआ-पाखी के ‘‘निरहुआ मेल’’

भोजपुरी सिनेमा के सुपरहिट जोड़ी दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े अब आ रहल बा लोग प्रेम कहानी ‘‘निरहुआ मेल’’ मेल में. जवना के श्री प्रियंका पिक्चर्स का बैनर में निर्माता के. एस. साईं बाबा आ ए. दासू बनावत बाड़े आ जी. सुब्बा राव निर्देशन करत बाड़े. हाल में एहजोड़ी के सुपरहिट फिलिमन में ‘‘कईसे कहीं तोहरा से प्यार हो गईल’’, ‘‘शिवा’’ आ ‘‘आखिरी रास्ता’’ जैसी सुपरहिट फिलिमन के निर्देशनो जी सुब्बेराव कइले बाड़न.

फिल्म में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’’, पाखी हेगड़े, मनोज टाईगर, गोपाल राय, ललन सिंह, रोजा उस्मानी, आ अवधेश मिश्रा के किरदार खास बाड़ी सँ. फिल्म के कहानी लेखक के. के. सिंह, गीतकार विनय बिहारी, प्यारे लाल यादव ‘‘कवि’’, संगीतकार राजेश-रजनीश, आ छायाकार अमर हउवन. फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा आ दुर्गा पूजा का बेरा एकरा के रिलीज करे के योजना बा.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

Loading

One thought on “निरहुआ-पाखी के ‘‘निरहुआ मेल’’”

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up