निर्माता लोग के पहिला पसन्द

by | May 2, 2011 | 0 comments

कवनो फिल्म के हिट हो गइला का बाद ओकरा कलाकार किहाँ निर्माता लोग के लाइन लागे के बात त हमेशा सुनल जाला बाकिर ई पहिला बेर भइल बा कि कवनो कलाकार के कवनो फिलिम रिलीज होखे से पहिलहीं ओकरा दुआर पर लोग कतार बान्ह देव. आ भइल बा संहय यादव का साथे. संजय यादव के कवनो फिल्म अबही ले रिलीज नइखे भइल तबहियो लक्ष्मण बी॰सिंह उनुका के अपना फिल्म “तोहरे प्यार में” खातिर हालही में साइन कइले बाड़न. निर्देशक रहीहें मनोज एस तोमर. संजय यादव के पहिला फिल्म “तोहरे बिना भी का जीना” के निर्देशन तोमरे कइले बाड़न. ई फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा. शरद बागला आ उमेश यादव उनुका के अपना फिल्म “नाचऽ गावऽ मजा करऽ” खातिर साइन कइले बाड़े. एकर निर्देशन राजकुमार बागला करीहें.
फिल्म “तोहरे प्यार में” खातिर पिछला दिने मुंबई के निर्वाना स्टूडियो में संजय यादव आ श्रीकंकाणी के फोटो शूट कइल गइल. श्री बालकिशन इंटरटेनमेंट का बैनर में बने जा रहल एह फिल्म के कलाकारन आ टेक्नीशियनन के चुने क काम चल रहल बा. फिल्म अगिला महीना फ्लोर पर जाये के उमेद बा.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up