नीतीश कुमार अउर बिहार के तरक्की अब सिनेमा का परदा पर

by | Feb 20, 2012 | 0 comments

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अब फिल्मकारन के पसंद बन गइल बाड़े. अमिताभ बच्चन से लगाइत शाहरुख खान ले अब नीतीश कुमार के शासनकाल में बेखौफ होके बिहार जाये लागल बाड़े. बिहार के तरक्की आ नीतीश कुमार के बखान अब सिनेमा भोजपुरीओ का परदा पर देखावल जाये वाला बा. नीतीश राज में बिहार के तरक्की पर बनावल एगो खास गाना फिल्म ‘बजरंग’ में डालल गइल बा. एह गाना के बोल बावे ‘ए नीतीश काका बिहार के बनाय दा तू जापान…’. एह गाना में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भाषण देत देखावल जाई.

‘बजरंग’ के निर्माता हउवें जानल मानल भोजपुरी फिल्म निर्माता जे.पी. सिंह जे फिल्म ‘पायल’ अउर ‘गईल भईंसिया पानी में’ से सफलता के नया रिकार्ड बनवलन. बजरंग के प्रदर्शन जल्दिये बिहार समेत पूरा देश में होखेवाला बा. एह फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के अलावा संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह मुख्य भूमिका में बाड़े. निर्देशक हउवें नंद किशोर महतो. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिल्म ‘बजरंग’ के शूटिंग उत्तर प्रदेश आ बिहार के वास्तविक लोकशन पर कइल गइल बा.

निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह कहलन कि ‘बजरंग’ में एक्शन का साथे रोमांस आ कॉमेडी के भरपूर मसाला बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up