बाक्स आफिस पर सुपर हिट फिल्म दे के ब्लैकियरन के चाँदी कटवावे वाला भोजपुरिया स्टार पवन सिंह अगिला २४ जून के रिलीज होखे जा रहल फिल्म “लड़ाई ल अँखिया ऐ लौण्डे राजा” में सिनेमा के टिकट ब्लैक में बेचे वाला ब्लैकियर का भूमिका में नजर अइहे. एही टिकट ब्लैक करत में उनुकर मुलाकात फिल्म के नायिका मोनालिसा से होई आ फेर दुनु के प्रेम परवान चढ़े लागी. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ कुमारी माई मूवीज के प्रस्तुति एह फिल्म के निर्माण आ निर्देशन दुनु रामाकांत प्रसाद कइले बाड़न. फिल्म के संगीतकार अशोक कुमार दीप, गीतकार विनय बिहारी, अशोक कुमार दीप, बृजेश पाण्डेय, आ प्यारे लाल यादव हउवे. फिल्म के कलाकारन में पवन सिंह, मोनालिसा, विराज भट्ट, प्रिया शर्मा, अनारा गुप्ता, दीपक भाटिया, दिव्यांश नन्हे, आनन्द मोहन, आ गोलू वगैरह शामिल बाड़न.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

By Editor

4 thoughts on “पवन सिंह ब्लैक में टिकट बेचीहे”

Comments are closed.

%d bloggers like this: