पाँच गो नायिकायन के नायक बाड़े रविकिशन

by | Jan 4, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपरस्टार रविकिशन भोजपुरी फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” में पाँच गो नायिका का साथे प्यार करत नजर अइहें. फिल्म में रविकिशन एगो गवई जवान के किरदार में बाड़न जिनका के लुभावे खातिर पाँच गो खूबसूरत बला उनका पाछा पड़ल बाड़ी आ रविकिशन सभका के नचवले बाड़न. एह पाँच नायिका में अक्षरा सिंह, गुंजन पंत, संगीता तिवारी, अनारा गुप्ता आ दिव्या द्विवेदी शामिल बाड़ी. एनसी इन्टरप्राइजेज का बैनर में चन्दन सिंह के बनावल एह फिल्म के हैरी फर्नान्डीज निर्देशित कइले बाड़न. फिल्म में रविकिशन के सगरी नायिकायन का साथे मनमोहक दृश्य, गीत, आ नृत्य बा. फिल्म में एह मुख्य कलाकारन का साथे सिकन्दर खरबन्दा, ब्रजेश त्रिपाठी, अनूप अरोड़ा, के के गोस्वामी, गोपाल राय, माया यादव, रमाशंकर सिंह, संजय सिंह, अवधेश मिश्रा बाड़े. संभावना सेठ आ कोमल ढिल्लो पर जानदार आयटम गीत फिल्मावल गइल बाड़ी सँ. गीत प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, राकेश सिंह, आ सच्चिदानन्द कवच के बा आ संगीत बा गुणवन्त सेन के. डायलाग मनोज सिंह के लिखल बा त कैमरा संचालन प्रमोद पाण्डेय के, नृत्य पप्पू खन्ना, रामदेवन, आ रिक्की गुप्ता के निर्देशन में बा. निर्माता चन्दन सिंह झारखण्ड के हजारीबाग के हउवें आ “रामपुर के लक्ष्मण” से पहिले सुपर हिट फिल्म “राम बलराम” बना चुकल बाड़े. “रामपुर के लक्ष्मण” जनवरी महीना में रिलीज होखे वाला बा.
(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up