सिनेमा भोजपुरी के माथ अदाकारा पाखी हेगड़े अपना फिलिम ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ में अपना शानदार अदाकारी खातिर सराहल जात बाड़ी. पाखी हेगडे अब अपना आवे वाली फिलिमन ‘‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’’ आ ‘‘हंटरवाली’’ से धमाल मचइहें. एकरा अलावे पाखि के अउरी फिलिमन में जगदीश शर्मा के ‘‘जानी दुशमन’’ आ के.डी. के ‘‘नारी पाप निवारनी’’ बाड़ी सँ.
(प्रशांत निशांत)