‘पागल प्रेमी’ में विनय आनन्द के खूनी दंगल

by | Feb 25, 2012 | 0 comments

भोजपुरी सुपर स्टार आ गायक विनय आनन्द पिछला दू महीना से मुंबई से लापता बाड़े. पहिले ऊ छत्तीसगढ़ के रायपुर में ‘पागल प्रेमी’ बनल देखल गइले आ अब बाहुबली बनि के महाराष्ट्र के औरंगाबाद में ‘खूनी दंगल’ करत बाड़े.

निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय कुमार के फिल्म ‘पागल प्रेमी’ के शूटिंग छत्तीसगढ़ में भइल रहे. कमाल के एक्शन से भरल एह फिल्म में विनय आनन्द का साथे संगीता तिवारी आ श्रीकनकनी के मुख्य भूमिका बा. एकर शूटिंग करा के विनय आनन्द सीधे ‘खूनी दंगल’ के शूटिंग करे महाराष्ट्र के औरंगाबाद चल गइले. निर्माता संजय कुमार के एह भोजपुरी फिल्म ‘खूनी दंगल’ के निर्देशन श्रीधर शेट्टी करत बाड़े. सुहानी सुहाना फिल्म्स के बैनर तले बनत एह फिल्म के प्रस्तुतकर्ता हउवन कुमार दिवाकर (के.डी.).

कथा सबा मुस्तफा, पटकथा सबा मुस्तफा आ मोहम्म्द रफी खान, संवाद मोहम्मद रफी खान, गीतकार राकेश निराला, संगीतकार राकेश त्रिवेदी, कैमरामैन श्रीनिवास आर. आ मुख्य भूमिका में विनय आनन्द, सुदीप पांडे, दिव्या श्री, अपूर्वा, रोहित सिंह मटरू, मोहम्मद रफी खान, गोपाल राय, सुनीता सिंह, नीरज कल्याण आ उदय श्रीवास्तव बाड़े. विनय आनन्द के भूमिका एह फिल्म में एगो बाहुबली के बा.


( शशिकान्त सिंह के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up