pub-4188398704664586

पूरा भइल ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के शूटिंग

by | May 16, 2012 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के सबले चर्चित फिल्म ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के शूटिंग दस दिन के आखिरी शेडयूल में मुंबई के विभिन्न लोकेशन पर पूरा कर लिहल गइल. संयोगिता फिल्म्स आ यशी फिल्म्स के प्रस्तुति आ निर्माता अभय सिन्हा के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा के तीन गो बड़का सुपरस्टार रवि किशन, मनोज तिवारी ‘मुदुल’ आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ एक साथ नजर अइहें. भोजपुरी सिनेमा के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार के एह फिल्म में मनोज के अपोजिट रिंकु घोष, रवि किशन के अपोजिट रानी चटर्जी आ निरहुआ के अपोजिट पाखी हेगडे के जोड़ी बनल बा. कथा-पटकथा लिखे आ निर्देशन करे के कमान सम्हरले बाड़न हैरी फर्नाडिस.

निर्माता आलोक कुमार कहलें कि काशी के पावन नगरी में ऊ भोजपुरी के तीनो स्तम्भ के ले के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ बनावे क नींव रखले रहन जवन अब पूरा हो गइल. उनुका उमेद बा कि फिल्म ‘गंगा जमुना सरस्वती’ दर्शकन ला एह=गो समहर मनोरंजन वाली फिल्म होखी.

फिल्म के बाकी मुख्य कलाकारन में अनूप अरोडा, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, अनिल नागराथ, विजय कृष्ण चतुर्वेदी, मुश्ताक खान आ टीनू वर्मा के नाम बा. गीतकार प्यारेलाल यादव ‘कवि’, श्याम देहाती आ एस. कुमार, संगीतकार राजेश-रजनीश, छायांकन अकरम खान, एक्शन आर. पी. यादव, नृत्य-निर्देशक रामदेवन, कानू मुखर्जी आ कार्यकारी निर्माता विकास कुमार हउवें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586