भोजपुरी सिनेमा का सगरी स्टारन में मनोज तिवारी पहिलका हो गइलें जिनकर इन्टरव्यू खुद मशहूर निर्माता निर्देशक प्रकाश झा लिहलन. मौर्या टीवी पर देखावल जाये वाला अपना टॉक शो “दिल की बात प्रकाश के साथ” खातिर प्रकाश झा मनोज तिवारी के एक घंटा ले इन्टरव्यू लिहलन. एकरा खातिर मुंबई का अंधेरी में एगो खास सेट तइयार करावल गइल रहे जवना पर तेज रोशनी आ करीब आधा दर्जन कैमरा का साथ एह इन्टरव्यू के रिकार्डिंग कइल गइल. करन जोहर के मशहूर टॉक शो “ए काफी विथ करन” का तर्ज पर बनल एह शो खातिर प्रकाश झा मनोज तिवारी से बिहार के बदलत हालात, बिग बॉस, भोजपुरी सिनेमा के मौजूदा परिवेश, राजनीति, आ गाँव देहात सभ पर बात कइलन. मनोज तिवारी खातिर ई एगो सपना का तरह रहल. इन्टरव्यू का बाद मनोज तिवारी कहलन कि अबले त ऊ कतना पत्रकार लोग के इन्टरव्यू दे चुकल बाड़न बाकिर जब सुनलन कि प्रकाश झा उनकर इन्टरव्यू लिहल चाहत बाड़न त कुछ देर खातिर ऊ भँउचक हो के रह गइलन. “गंगाजल, अपहरण, राजनीति” जइसन चर्चित आ सफल फिल्मन के निर्माता निर्देशक प्रकाश झा उनकर इन्टरव्यू लिहें ई कवनो सपना से कम ना रहल.

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी खातिर पिछलका साल सुर्खियन से भरल रहल. ऊ सालो भर समाचार का सुर्खियन में बनल रहलें. साल का शुरुआत में जब नक्सली उनकर अपहरण कर लिहलें, फेर जब उनका के छोड़ा लिहल गइल, जब दू साल का अन्तराल का बाद ऊ फेर से सिनेमा में वापिस लवटलन, “भोजपुरिया डॉन” सुपर हिट रहल आ अँतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव में भेजल गइल, जब ऊ बिग बॉस का घर में गइलन, जब ऊ बिग बास का घर से बाहर निकललन, जब राजनीति में कूदलन, जब सपा के मुलायम सिंह के साथ छोड़ अमर सिंह का साथे गइलन, हर बेर उनकर चर्चा समाचार के सुर्खियन में भइल. इहाँ तक कि पिछला साल उनकर पारिवारिक विवादो चर्चा में छवले रहल. अपना भोजपुरी सामाजिक सरोकारो का चलते मनोज तिवारी के चरचा सालो भर भइल. अब साल के शुरुआत फेर “प्रकाश के साथ” से हो रहल बा.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: