फिल्मी दुनिया के खबर

by | Oct 3, 2011

छठवाँ भोजपुरी फिल्म अवार्ड्स 14 अक्टूबर के
भोजपुरी फिल्म जगत के प्रतिष्ठित अवार्ड “भोजपुरी फिल्म अवार्ड” के आयोजन एह साल 14 अक्टूबर के होखे जा रहल बा. वी. आर मल्टीमीडिया प्रा. लि. द्वारा आयोजित ई अवार्ड समारोह हर साल का तरह एहू साल गोरेगांव स्पोर्टस क्लब, मुंबई में आयोजित कइल जाई.
अवार्ड के संस्थापक अध्यक्ष विनोद गुप्ता बतवले कि भोजपुरी सिनेमा के 50 साल पूरा होखला का उपलक्ष्य में एह साल अवार्ड में विशेष तइयारी कइल जा रहल बा.


(स्रोत : प्रशांत निशांत )

“नाच नचईया धूम मचईया” के मंच पर पाखी आ शुभी शर्मा

महुआ टी. वी. पर प्रसारित होत डांस रियलिटी शो “नाच नचईया धूम मचईया” में पिछला हफ्ता पाखी हेगड़े आ शुभी शर्मा अपना हालही में रिलीज फिल्म “संतान” के प्रमोट करे चहुँपली. दुनु अदाकारा शो के एंकर सुपरस्टार रविकिशन का साथे मंच पर नृत्य प्रस्तुतिओ दिहली.
एह शो में एहसे पिछला हफ्ता उर्वशी आ राज के जोड़ी बाहर जा चुकल बा लोग.


(स्रोत : प्रशांत निशांत )

महिमा अमवां के सती माई के शूटिंग पूरा

पार्वती म्यूजिक एण्ड फिल्मस कंपनी के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म “महिमा अमवा के सति माई के” के शूटिंग गोरखपुर में खतम हो गइल बा. धार्मिक आ पारिवारिक रीति रिवाजन पर आधारित एह फिल्म के शूटिंग गाजीपुर, गोपालगंज, गोरखपुर, देवरिया आ भटनी के मन भावक जगहन पर कइल गइल बा. फिलहाल एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

कलुआ भईल सयान

डायनामिक एक्टर शुभम तिवारी आ लोक गायक “कलुआ” फिल्म “कलुआ भईल सयान” में नजर आवे जात बाड़े. सुपर डुपर हिट फिल्म “तू ही मोर बालमा” के निर्माता रितेश कुमार ठाकुर एकर निर्माण कइले बाड़न. एही फिल्म से अरविंद अकेला उर्फ कलुआ के नायक का रूप में लांच कइल जा रहल बा. निर्देशक हउवें ओ.पी. कश्यप.

शुभम तिवारी के एक्शन दर्शक “कानून हमरा मुट्ठी में” देख चुकल बाड़न. शुभम तिवारी रोमांस आ कॉमेडी दुनु कमाल के करेले.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

डबल रोल वाला खलनायक

भोजपुरी फिल्मों के नंबर वन खलनायक संजय पांडे पहिलका अइसन भोजपुरी खलनायक होखीहें जे डबल रोल निभावे जात बाड़न. फिल्म “ट्रक ड्राइवर” में डबल रोल करे जात संजय पांडे लोग के दिल जीत लीहें अतना तय बा. अपना पसंदीदा निर्देशक राजकुमार पांडे के निर्देशन में डबल रोल निभा के संजय अपना के खुशक़िस्मती मानत बाड़न.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

मनोज तिवारी के गीतन से गुनगुनाइल पूर्वांचल सम्मान समारोह

राजधानी दिल्ली के द्वारका के सेक्टर तीन में आयोजित पूर्वांचल सम्मान समारोह में भोजपुरी सुपर स्टार आ गायक मनोज तिवारी भोजपुरी में देश भक्ति आ आतंकवाद विरोधी गीत गाके आतंकवाद का खिलाफ एकजुट होखे के सनेस दिहले आ अन्ना हजारे के नाम लेत भठियरपन से लड़े के अपील कइलन.

एह समारोह में पत्रकारिता, गायिकी, राजनीति आ समाज सेवा में खास योगदान देबे वाला कई लोग के, जवना में निशिकांत ठाकुर, मनोज तिवारी, भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अजीत दूबे, विधायक एस.सी.एल. गुप्ता आ विधायक रामेश्वर चौरसिया शामिल रहले, के “पूर्वांचल गौरव” सम्मान दिहल गइल.

समारोह के मुख्य अतिथि सांसद आ भाजपा के राष्ट्रीय प्रवक्ता शाहनवाज हुसैन कहलन कि आतंकवाद के खिलाफ सगरी देश एकजुट बा. मनोज तिवारी शाहनवाज हुसैन के शाल भेंट कर के सम्मानित कइले. शाहनवाज अपना संबोधन में कहलन कि मनोज तिवारी भोजपुरी सिनेमा के अमिताभ बच्चन हउवन.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

गुंजन पंत छोड़ दिहली “नाच नचईया धूम मचईया”

भोजपुरी सिनेमा के जानी मानी अदाकारा गुंजन पंत आखिरकार भोजपुरी रिएलटी शो “नाच नचईया धूम मचईया” के अलविदा कहिये दिहली. काहे कि शो शुरु होखते गुंजन पंत बीमार हो गइली आ बाद में उनुकर डेट गड़बड़ाये लागल. सबकुछ देखत गुंजन शो के निर्माता से कहि के अपना के अलग करवा लिहली.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

जब रो दिहली सीमा सिंह
भोजपुरी के नंबर वन डांसिंग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने डांस शो “नाच नचइया धूम मचइया” में अपना डांस स्टेप से अपने त रोइबे कइली जजो के रोआ दिहली. सीमा सिंह के डांस स्टेप देख शो के जज कानू मुखर्जी उनुकर जम के तारीफ कर दिहलन. एह पर दोसर जज सुधा चंद्रन कहली कि कवनो जज के कवनो एक प्रतिभागी के एह तरह प्रशंसा ना करे के चाहीं. एहपर दुनु जजन में तू तू मैं मैं होखे लागल. ईहे सब देख के सीमा सिंह रो पड़ली आ उनुका के रोवत देखि कानू मुखर्जी के आंख भरि आइल.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

रिंकू घोष के “अग्नि युद्ध”
भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष आ भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन के जोड़ी “बिदाई” आ “बलिदान” का बाद फेरू “अग्नि युद्ध” में आवत बा, एकरा अलावा ई दुनु जने डा. विजाहित करीम निर्मित “केहू हमसे जीत ना पाई” फिल्मों में नजर अइहें.
“अग्नियुद्ध” के निर्देशन राजू चौहान के ह.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

पहली बेर भोजपुरी फिल्म में एक दर्जन स्टार

भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहिला बेर कवनो फिल्म में एक दू गो ना, पूरा दर्जन भर स्टार आपन जलवा देखइहें. डॉ. विजाहत करीम आ डॉ. सुरहिता करीम के बनावल फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” में. एम.आई. राज निर्देशित एह मल्टी स्टारर फिल्म में रवि किशन, रिंकू घोष, सुशील सिंह, मनोज टाईगर, मोहित घई, राजीव दिनकर, महेश राजा, हितेन्द्र पांडे, प्रतिभा पांडे, स्वाती वर्मा, कोमल ढिल्लन, श्रीकनकनी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला आ शाहबाज खान के मुख्य भूमिका बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

भोजपुरी के नयका खलनायक रवि उज्जैन

भोजपुरी पर्दे पर आइल नयका खलनायक रवि उज्जैन अपना खलनायिकी कैरियर के शुरूआत अभय सिन्हा के “जंग” से कइलन जवना में ऊ पवन सिंह से टकरात नजर अइलें. एह फिल्म में रवि के अभिनय के बहुते तारीफ भइल आ अभय सिन्हा इनका के “इंसाफ” में फेर मुख्य खलनायक बना दिहले. अजय श्रीवास्तव निर्देशित एह फिल्म में रवि उज्जैन मनोज तिवारी आ पवन सिंह का साथे नजर अइहन.
रवि उज्जैन “नईहर के माड़ो पिया के चुनरी”,”जुल्मी संग अँखिया लड़ी” आ “मेरा पिया घर आया हो राम जी” में बतौर नायक काम कइले बाड़न. रवि देव पाण्डेय निर्देशित “लवारिस” में एंटी हीरो बाड़े रवि उज्जैन.


(स्रोत : प्रशांत निशांत )

सगुनिया हई शुभी शर्मा
भोजपुरी अदाकारा शुभी शर्मा अब ले जतना फिल्म कइले बाड़ी सगरी बॉक्स ऑफिस पर सफल साबित भइल बाड़ीं सँ. एही से लोग कहे लागल बा कि शुभ हई शुभी शर्मा ! “चलनी के चालल दुल्हा” से शुरु कर के “भईया की साली ओढनिया वाली”, “दुश्मनी”, “औलाद”, आ अब हालिया प्रदर्शित “संतान” सब के सब बॉक्स ऑफिस पर निकहा व्यवसाय कइली सँ.
शुभी एह सफलता से बहुते उत्साहित बाड़ी आ उम्मीद करेली कि उनुकर सफलता हरदम जारी रहे.


(स्रोत : प्रशांत निशांत )

ट्रक ड्राइवर में खलासी बने प्रदीप पाण्डेय

भोजपुरीं सिनेमा के सबले कम उमरिया कलाकार प्रदीप पाण्डेय चिंटू “ट्रक ड्राइवर” में खलासी बनल बाड़े. चर्चित निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय के एह फिल्म में टाईटल भूमिका में सुपरस्टार पवन सिंह बाड़े. फिल्म में प्रदीप पाण्डेय आ नयकी अदाकारा काजल रघानी के लव एंगल बा.
देवरा बड़ा सतावेला, लहरिया लुटऽ ए राजा जी, मैं नागिन तू नगीना जइसन फिलिमन में धमाल मचा चुकल प्रदीप के ट्रक ड्राइवर से बहुते उम्मीद बा.


(स्रोत : प्रशांत निशांत )

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up