बजरंग फिल्म के म्यूजिक से हिट भइलें ओम झा

by | Aug 18, 2012 | 0 comments

भोजपुरी के गीत संगीत के मिठास सगरी दुनिया पसंद करेले. कहीं त भोजपुरी अपना गीते संगीत से जानल जाले. भोजपुरी फिलिम बजरंग हिट भइल त ओकरा संगीत संगे संगीतकार ओमो झा मशहूर हो गइलें. आजु हर ओर ओम झा के संगीत के चरचा होखत बा. पिछला दिने ओम झा से बात करे के मौका मिलल त ओह बातचीत के सार संक्षेप एहिजा पेश बा.

ओम झा सिनेमा में केहू के आपन गुरू ना मानस. कहलें कि “अकेला चला था सफ़र में………साथी मिलते चले गए “. मुंबई अइलन त सबसे पहिले संगीत सिखलन. पहिला एलबम कइलन त ओहमें कुमार सानू, शान, जसपिंदर नरूला, अनुराधा पौडवाल वगैरह गायक-गायिका रहलें बाकिर ऊ आजु ले रिलीज नाहो पावल. ओकरा बाद कल्पना अउर बाबुल सुप्रियो के हिंदी एलबम कइलन. भोजपुरी सिनेमा में डेग धराइल फिलिम “सीता” के संगीत से. एह फिलिम में कृष्णाअभिषेक आ रानी चटर्जी मुख्य कलाकार बाड़ें आ एह फिलिम के गाना “चना जोर गरम” अधिका प्रचलित भइल.
सिनेमा का अलावे ओम झा अनेके धार्मिको एलबमन में संगीत दिहले बाड़न जवना में “भगवन बनल बा नचनिया”,”जय हो बाला जी”,”मेरे नैनों में बस गए श्याम” बढ़िया साबित भइली सँ. एगो दोसर एलबम “बतवा कैसे रतिया कटी” वीनस रिलीज कइले रहे. सिनेमा भोजपुरी में “घर का चिराग”,”गौरी शंकर”,”झुमकी”,”हम है धरम योद्धा”, “बजरंग”, “लाल दुप्पटे वाली” अउर “क्षत्रिय” के संगीत दिहले बाड़न ओम झा.
बजरग फिलिम के संगीत खातिर ओक झा के बेस्ट म्यूजिक डाइरेक्टर के अवार्ड मिलल. बतवलन कि बजरग के संगीत ला बहुते संगीतकारन से बातचीत होत रहे बाकिर जब ओम झा फिलिम के टाइटल सांग “बजरग वीर जब बन जाये ” सुनवलन त उनुका के तुरते फाइनल कर लिहल गइल. एह खातिर ओक झा पवन सिंह, निर्माता जे पी सिंह, निर्देशक नंद आ पिंटू के बहुते आभार जतवलें. इहो कहलें कि बजरंग फिलिम में बुल्ली पाण्डेय के भूमिका करे वाला रमेश दुबे के सलाह बहुते काम आइल. अवार्ड दिहला खातिर ओम झा रिलायंस बिग टीवी आ ईशा टीवी के धन्यवाद दिहलें.


(भोजवुड न्यूज के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up