बाबा गोरखनाथ के आसरे चहुँपली अंजना

by | Feb 21, 2012 | 0 comments


सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक बनल अंजना सिंह एह महाशिवरात्री का पावन अवसर पर गोरखपुर के प्रसिद्ध गोरखनाथ मंदिर जाके पूजा अर्चना कइली. मशहूर निर्माता आलोक कुमार के फिल्म “देवरा पर मनवा डोले” के शूटिंग खातिर बलिया जाए का राह में अंजना गोरखनाथ चहुँपली त बाबा के मंदिर में हाजिरी लगावे से अपना के ना रोक पवली. अंजना कहली कि बाबा गोरखनाथ खातिर उनुका मन में बहुते आस्था बावे एहसे शूटिंग शुरू करे से पहिले उनुकर आशीष ले लिहल जरूरी रहुवे.

बतावे जोग बा कि अपना एगारहे महीना के फ़िल्मी कैरियर में अंजना के ई सतवीं फिलिम हवे जवना के शूटिंग ऊ करत बाड़ी. सबले दिलचस्प बाति त ई कि बहुते कम समय में अंजना भोजपुरी के सगरी बड़का कलाकारन का साथ काम कर लिहली. प्रेमांशु सिंह का निर्देशन में बनत “देवरा पर मनवा डोले” में खेसारी लाल आ स्मृति सिन्हा के मुख्य जोड़ी हवे. निर्देशक प्रेमांशू सिंह एहसे पहिले साल २०११ के सबले बड़हन बड़ी हिट “साजन चले ससुराल” निर्देशित कइले रहले.

एकरा बाद अंजना के अगिला फिल्म होखी “वर्दी वाला गुंडा” आ “कर्जा माटी के”. “कर्जा माटी के” में उनका अपोजिट विराज भट्ट के राखल गइल बा. शबनमश्री के बनावल एह फिल्म के निर्देशक हउवें जगदीश शर्मा जिनका साथे अंजना फिल्म “एक बिहारी सौ पे भारी” में काम कइले रहली.


(उदय भगत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up