भोजपुरी नंबर वन खलनायक संजय पांडे हमेशा से वितरकन का नजर में गरम लिट्टी रहल बाड़े. हालही में उनुका के बिहार आ मुंबई के जानल मानल वितरक बिट्टू सरदार अपना बतौर निर्माता पहिलका फिलिम ‘रिक्शावाला आई लव यू’ में अनुबंधित कइले बाड़े. दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े के मुख्य भूमिका वाली एह फिलिम के शूटिंग शुरू हो गइल बा. एहमें संजय के भूमिका सभके चउँकावे वाली बा.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)