सिनेमा भोजपुरी में कई एक जुबिली फिलिम देबे वाला अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ अपना अगिला फिलिम ‘एक बिहारी सौ पे भारी’ में एगो बिहारी नवही के किरदार में बाड़े. फिलिम में बिहार के पूत वाला निरहुआ के रूप दर्शकन के बिहार के नवहियन के बेंवत के अहसास कराई.

‘एक बिहारी सौ पे भारी’ में निरहुआ संगे सिनेमा भोजपुरी के दू गो हसीन अदाकारा बाड़ी अक्षरा सिंह आ अंजना सिंह. निरहुआ दुनु से रोमांस करत नजर अइहें. साथही उनकर एक से बढ़ के एक एक्शन देखे के मिली. निर्देशक हउवें जगदीश शर्मा.

‘एक बिहारी सौ पे भारी’ के रिलीज एही महीना होखे वाला बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d