महाराष्ट्र में गणेशोत्सव के वइसने महत्व ह जइसन बिहार में छठ के. पिछला दिने मुंबई में गणेशोत्सव का दौरान महाराष्ट्र में बसल भोजपुरिया सितारा लोगो गणेशोत्सव के रंग में रंगा गइलें. दस दिन चले वाला सार्वजनिक गणेशोत्सव का जगहा घर में पूजा करे वाला लोग भगवान गणेश के मूर्ति डेढ़ दिन भा पाँच दिन ला करेलें.

पिछला कई साल से रवि किशन किहाँ डेढ़ दिन ले बप्पा विराजमान रहेलें बाकिर एह साल चंडीगढ़ में चलत अपना हिंदी फिल्म लकी कबूतर के शूटिंग में व्यस्त रहला का चलते रविकिशन भगवान गणेश के आरती खातिर मुंबई अइलन आ दू घंटा बिता के वापिस लवट गइलन.

विनयो आनंद गणेश भक्त हउवें आ उनको किहाँ हमेशा से भगवान गणेश विराजमान होत आइल बाड़ें. विनय आनन्द के बचपन अपना मामा गोविंदा किहा बीतल आ ओहिजा हर साल होखे वाला गणेश पूजा के परंपरा विनय आनन्द अपनो घरे जारी रखले बाड़न.

अभिनेत्री अंजनो सिंह मुंबई अइला का बादे से अपना घर में भगवान गणेश के विराजमान कइल शुरू कर दिहली आ एहसाल तिसरका बेर उनका किहां गणेश पूजा भइल. एह पूजा में अंजना सिंह का घरे दिनेश लाल यादव निरहुआ, खेसारी लाल, शुभी शर्मा समेत फिल्म जगत के दर्ज़नो लोग आइल आ पूजा में शामिल भइल.

अभिनेत्री संगीता तिवारी का घरे पाँच दिन के गणेश पूजन होखत बा. मुंबईए में पलाइल पोसाइल एह बिहारी बाला किहां गणेश पूजा के सिलसिला बरीसन से चलल आवत बा.

भोजपुरिया खलनायिकी के सिरमौर अवधेश मिश्रा किहाँ पिछला नौ साल से गणेश पूजा होत आवत बा.

कोरियोग्राफर से अभिनेता बनल राजीवो दिनकर एह साल अपना घरे गणेश भगवान के विराजमान करवलें

प्रसिद्ध निर्देशक जगदीश शर्मा किहाँ पिछला पचीस साल से गणेश पूजा होखत आवत बा.

बौबी सिंह का घरे एह साल से गणेश पूजा शुरू भइल बा.


(स्रोत : उदय भगत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: